किशोरी के बलात्कार प्रयास के आरोप मे दु जने पकडईलें

वीरगंज १२ कातिक

१६ बरीस के किशोरी के जर्बजस्ती बलात्कार प्रयास कईल आरोप मे दु जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे वीरगंज–२१ रहेवाला २० बरीस के बिकर ठाकुर हजाम आ २५ बरीस के अनिल महतो कोइरी रहल बाडन ।

उलोग कातिक ९ गते सबेरे ६ बजे १६ बरीस के किशोरी ट्युसन पढे निकलल समय मे फोटो स्टुडियो भितर लेजाके बलात्कार प्रयास कईल पुलीस के दाबी बा ।
युवती उलोग विरुद्ध जाहेरी देहल आधार मे पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

पकडाईल उलोग विरुद्ध जबरजस्ती करणी उद्योग कसूर मे पर्सा जिल्ला अदालत से ७ दिन म्याद थप करके अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।