नेपाल सो– क्योकुशिन कराते संघद्धारा बेल्ट प्रमोशन टेस्ट कार्जक्रम

वीरगंज १३ कातिक

नेपाल सो क्योकुशिन कराते संघ बीरगंज के आयोजना मे शुभदीपावली तथा छ्ठ पर्व के अवसर मे चायपान तथा बेल्ट टेस्ट तथा बेल्ट ग्रेडिङ्ग प्रमोशन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

बीरगंज महानगरपालिका वार्ड न.२४ रामगढ्वा मे आजु नेपाल सो– क्योकुशिन कराते संघ प्रदेश २ के संयोजक अशेसर पटेल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेपाली काङ्ग्रेस के नेता एवं संविधान सभा सदस्य अनिल रुङ्ग्टा नेपाल मे खेलकुद के प्रोत्साहन कईला पर अन्तर्राष्ट्रिय मञ्च मे हमनी आपन अलग पहिचान बनावे सकेके आ देश बिदेश मे हमनी के नेपाल के नाम चिन्हावे सकेके बतवनी ।

अभी नेपाल के खेलकुद क्षेत्र अन्तर्राष्ट्रिय स्तर मे आपन अलगे पहिचान बनावल आ ओमे मार्शल आर्ट आउर बिश्व मे नेपाल आ नेपालीलोग के चिन्हाएवाला काम कर रहल बा । उ बहुते हि सराहनीय आ स्वागत योग्य रहल संविधान सभा सदस्य अनिल रुङ्ग्टा बतवनी ।

कार्जक्रम मे खेलाडीलोग मे जउन किसिम के जुझारुपन बा, खेल उपर समर्पण बा आ ई किसिम के एगो जिवन मे अनुशासित जिवन अपनावे खातिर, असल नागरिक बने खातिर अईसन खेल के जरुरत रहल बा । आदमी जिवन मे आपन कउनो ना कउनो किसिम के काम करेके पडि माकिर हरेक दिन के सुरुवात व्यायाम से आ खेल से सुरु कईला पर ओकर एगो सफलता स्वास्थ जिवन दि उ चलते ई खेल निश्चय हि महत्वपूर्ण रहल बतावत आवेवाला दीपावली आ छठ पर्व के सुभकामना देहले रहनी ।

काशी बिश्वनाथ कोलोनी बीरगंज रामगढ्वा मे भईल कार्जक्रम मे बेल्ट ग्रेडिङ्ग बेल्ट प्रमोशन टेस्ट कार्जक्रम मे काठमाण्डु के अनेकन डोजाङ्ग से ३२ जने, बारा से २८ जने आ बीरगंज के १८५ जने करके कुल २४५ जने भाग लेहले रहलन । व्हाईट बेल्ट से ब्लैक बेल्ट आ ब्लैक बेल्ट थ्री डन के लोग भी भाग लेके आपन खेल तथा काला प्रदर्शन कईले रहलन ।

ब्लैक बेल्ट के प्रमोसन मे बीरगंज के आकाश पटेल, दिपेश पटेल, युवराज पटेल, सरोज पटेल, पुनित पटेल, प्रबिण पटेल, कृष्ण बैठा आ काठमाण्डु के अनेकन जगहा के क्रमशः सुनिल महर्जन, प्रभात स्यान्ताङ्ग, शक्तिमान स्यान्ताङ्ग, नवराज थापा मगर, बिजय लोपचन, करुणा योनजन, राजेन्द्र नगरकोटि, अमृत नगरकोटि, सुदिप मगर, बिशाल मार्फा तामाङ्ग, उमेश नगरकोटि, सुजन घले, भिम घलेले भाग लिएका थिए भने ब्लाक बेल्ट २ डनको लागि सतल तामाङ्ग, महेश केशि, बिजय लोपचन भाग लेहले रहलन । ब्लैक बेल्ट ३ थर्द डन के खातिर सुजन नगरकोटि, दिनेश नगरकोटि, सरोज खत्री, रमेश थिङ्ग, बिजय लामा, दिपा शाहि, अशेसर पटेल भाग लेहले रहलन ।

फोर डन ब्लैक बेल्ट के खातिर रबिना श्रेष्ठ, रिता राई आ केशव देसार से भाग लेहल नेपाल सो क्योकुशिन कराते संघ के केन्द्रिय ब्रान्च चिफ तथा महासचिव शिहान राजकुमार श्रेष्ठ जानकारी करवले रहनी । थ्री डन आ फोर डन ब्लैक बेल्ट के खातिर छ्नौट कईला पर खेल के भिडियो क्लिप जापान के हेड क्वाटर पठावेके आ ओने से रिजल्ट अईला पर मात्र उ बेल्ट प्रदान करेके श्रेष्ठ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।