गौर भंसार प्रमुख शर्मा के बदमासी के चलते जेष्ठ नागरिक जनानी के गोड टुटल

मेवलाल यादव

रौतहट १४ कातिक

रौतहट के गौर भंसार कार्यालय प्रमुख के निर्देशन मे जेष्ठ नागरिक जनानी के लाठी से मारला से बाँवारी गोड टुटल बा ।

भंसार प्रमुख के निर्देशन मे मंगर के सँझिया करिब ६ः३० बजे के समय मे सितामढी जिल्ला बैरगनिया वार्ड नं ७ अशोगी के ६० बरीस के जनानी कोषिला देवी भारत के बैरगनिया से ३ जोडी चप्पल किन के लिया रहल जनानी उपर भंसार कार्यालय अगाडि डिउटी मे का.स होत प्रमुख शर्मा आपन चालक अस्थायी का.स शुनिल अधिकारी के डिउटी खटावल अवस्था मे उ चालक जनानी उपर लाठ्ठी से मारल तथा लछाड पछाड करके लात से पिटके सामान छिनला मे जेष्ठ नागरिक जनानी के गोड टुटल बा । जनानी के गौर अस्पताल मे समान्य ईलाज के बाद आउर ईलाज के खातिरवीरगंज रेफर कईल बा ।

कार्यालय प्रमुख शुशिल शर्मा के कार्यकाल से अभी तक सर्वसाधारण के दुःख देवेके बाहेक राजस्व ओरी ध्यान नईखे गईल । शर्मा तस्कर से अबैध रकम असुली के खातिर आपन का.स चालक अधिकारी के परिचालन कईल बात स्थानियलोग बतवले बाडन । कुछ दिन पहिले गौर न.पा. के वार्ड नं ५ सबगढा के ३५ बरीस के जनानी के भारत के बैरगनिया से घरायसी समान किनके आवेके समय मे उ भंसार लगे पिटपाट भईला पर घायल भईल रहली ।

जनानी घायल भईला पर सर्वसाधारण कुछ समय तक के बिवाद मे आवतजावत बन्द कईले रहलन । भन्सार प्रमुख शर्मा के कार्यकाल से गुण्डा शैली मे तस्कर के छुट, सर्वसाधारण के दुःख भईल स्थानीयलोग बतवले बाडन । घर प्रयोजन के खातिर समान लियावेवाला लोग दुःख भोगेमे बाध्य भईल बाडन ।

भारतीय नम्बर के मालवाहक ट्रक नेपाल अईला पर ओमे लोड भईल समानसब गन्ती ना करके मनमौजी मिलोमतो मे भंसार काट के ट्रक नेपाल लियावल जाला । प्रमुख शर्मा के चलते राजस्व मे चुहावट बढल एक जने भन्सार एजेन्ट जानकारी देहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।