पचरौता न.पा. मे भईल घटना के दोषि उपर कारवाही ना होखेतक कर्मचारी काम ना करिहें

प्रभु यादव
बारा १४ कातिक
बारा के पचरौता नगरपालिका मे भईल घटना के दोषी उपर कारवाही ना होई तबतक कर्मचारी काम ना करे के निर्णय कईले बा ।
कर्यालय के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत श्याम प्रसाद यादव के नेतृत्व मे गईल कर्मचारी सब जिल्ला प्रशासन मे पुग के प्रशासकिय अधिकृत ओमबहादुर खडका के पत्र बुझावत जानकारी करावले बा । कातिक ९ गते पचरौता नगरापालिका कार्यालय मे भईल घटना के मुख्य योजनाकार तथा संलग्न दोषी उपर कडा कारवाही ना होई तबतक नगरपालिका के कार्यालय तथा मातहत के सभे कार्यालय बन्द करेला निर्णय भईल बा । बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण बहादुर कटुवाल काम बिशेष से कार्यालय बाहर रहेला से खडका पत्र बुझत आपने बिषय मे बुझ्नत पचरौता जाए के जनकारी करावले बा । पचरौता नगरपालिका के कार्यालय अनिश्चित समय के खातिर बन्द करे के परहल प्रश्न मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत यादव कार्यालय पुर्ण रुप मे तोडफोड भईला से काम पुर्वाधार ना भईला से कारण आपन समय मे बाध्य भईल बतावले बानी ।
नगरपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख प्रमोद यादव सबेरे तक शिक्षक हि ना भईला के चलते पढाइ होखे ना सकेके बताके बिद्यार्थी प्रयोग कर के तोडफोड मचवले आ बिधालय खोले के पढाइ । एने आम नागरिक भी जलदी दोषि पहिचान करके कारवाही करेके बतवले बाडन ।






