प्रसौनी मे मधेशी सांस्कृतिक कार्जक्रम

प्रभु यादव
बारा १५ कातिक
बारा के प्रसौनी मे मधेस आ मधेशी सांस्कृतिक झल्केवाला कार्जक्रम के आयोजना कईल गईल बा । झिझिया, डोमकच, जाटजाटिन, समाचाकवा जईसन मधेश के संस्कृति के नृत्य देखावल गईल बा ।
हेल्लो मिथिला सांस्कृतिक समूह जनकपुर के प्रस्तुति मे गायक नवीन मिश्रा, रश्मि रानी लडुवा कमेडी टिक, आरवि राय, राविव सान्डील के एलाउन्स बढीया रहल, साजन कामीनी के डान्स से दर्शक सब पूरा झुम उठल रहलन ।
प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश नम्वर २ के पुर्व भौतिक पुर्वाधार मन्त्री जितेन्द्र सोनल, विशिष्ट अतिथि सांसद एकवाल मियाँ, परवानीपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष हरिनारायण साह, प्रदेश २ के प्रदेश सभा के लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के संसदीय दल के उपनेता रानी शर्मा, प्रमुख सचेतक प्रमेश्वर साह, पुर्व समाजिक विकास राज्य मन्त्री अभिराम शर्मा प्रदेश सभा सदस्य प्रहल्लाद गिरी केन्द्रीय सदस्य पिकी यादव, प्रसौनी गाँवपालिका के उपमेयर गिता साह, प्रसौनी गाँवपालिका के भितर रहल स्कुल मे एसईई मे उत्कृष्ट कईल पाँच जने लईकी आ पाँच जने लईका के जनही साईकल आ २५ हजार रोपेया छात्रवृत्ति देके उच्च कलास मे पढेला हौसला बढावेला प्रमाण पत्र देके समान कईल गईल रहे ।
उत्कृष्ट भईल पढनियार लईकी प्रमिशा जैयसवाल, प्रिया गुप्ता, सुवेक्षा कुशवाहा, श्यामजानकी मण्डल, नसिमा खातुन, आ लईका कुनिल पंडित कुमहार, सुबास दास तत्मा, श्याम कुमार दास, रोशनराज गिरी, रोशनराज साह के समान कईल गईल प्रसौनी गाँवपालिका के एकाउन्टेन्ट प्रेमबाबु प्रसाद जनकारी करावले बानी ।





