अबैध लागू औषध गाँजा सहित तीन जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १७ कातिक

बारा प्रहरी अबैध लागू औषध गाँजा सहित तीन जने के पकडले बा । मंगर के रात के ८ बजे के समय मे इलाका प्रहरी कार्यालय जितपुर से खटल प्रहरी टोली अबैध लागू औषध गाँजा सहित पकडले बा ।

जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं.७ के टेढा रोड मे शंकास्पद अवस्था मे झोला राखल देखला पर चेकजाच कईला पर लुका छिपा के राखल अवस्था मे गाँजा पकडल गईल प्रहरी कार्यालय जनकारी करावले बा । मकवानपुर राक्सिराङ्ग गा.पा.२ के २३ बरीस के सुमन रुम्बा, २० बरीस के बिजय थिंग आ १९ बरीस के अखिल मोक्तान के साथ मे रहल झोला चेक जाँच कईला पर ४ पोका मे १२ किलो अवैध लागू औषध गाँजा मिलल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । पकडाईल तिनु जने के लागू औषध मुद्दा मे बारा जिल्ला अदाल से म्याद थप करा के अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।