१ किलो ९ सय ग्राम गाँजा सहित बारा से दु जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २२ कातिक
पुलीस बारा से अवैध लागु औषध गाजा सहित दु जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे कलैया उपमहानगरपालिका–१६ रहेवाला २१ बरीस के चाँद किशोर राम आ ३२ बरीस के प्रभु राम रहल बाडन ।
कातिक २१ गते रात ९ बजे प्रहरी चौकी मटिअर्वा बारा से खटल पुलीस टोली उलोग के १ किलो ९ सय ग्राम गाजा सहित पकडले रहे ।
कलैया–मटिअर्वा सडक खण्ड अन्तर्गत कलैया–१२ शीतलपुर मे कलैया से मटिअर्वा ओरी शंकास्पद अवस्था मे जा रहल बा.२५ प ११९५ नम्बर के मोटरसाईकल रोक के पुलीस चेकजाँच कईले रहे । चाँद किशोर मोटरसाईकल चलावत रहलन आ प्रभु पछाडी बईठल रहलन ।
मोटरसाईकल के बीच मे प्लाष्टिक झोरा मे लुकाके लिया रहल १ किलो ९ सय ग्राम अवैध लागू औषध गाजा मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
पकडाईललोग विरुद्ध लागू औषध मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से ७ दिन के म्याद लेके आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।






