राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के जिल्ला अधिवेशन से अध्यक्ष मे चौधरी

प्रभु यादव

बारा २३ कातिक

बारा के कलैया मे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के जिल्ला अधिवेशन पुरा भईल बा । गिरधारी प्रसाद चौधरी के अध्यक्ष मे सर्वसहमती से चयन करत अधिवेशन सम्पन्न भईल बा ।

११ जने अध्यक्ष के आकान्क्षी रहल जवना मे से सोमार से छनौट के रसाकसी करत करत अन्तिम दिन भईला से अध्यक्ष छनौट कर मे बाध्यता भईला से चुनाव ना करा के सर्वसहमती से चौधरी के छनौट कर के अधिवेशन सम्पन्न भईल बा । ४९ सदस्यीय जिल्ला कार्य समिति छनौट करे के बा जवन १० दिन भितर मे छनौट कईल जाई पार्टी जनकारी करावले बा ।

कमल थापा आ पशुपतिशमशेर राणा के राप्रापा के संयुक्त अधिवेशन पहिले भईल रहल माकिर दुनु पार्टी के अध्यक्ष राजनारायण साह आ भरत बहादुर मल्ल अभितक अध्यक्षता करते आईल रहलन । सोमार के दिन उदघाटन सत्र के सभापतित्वद्वय अध्यक्ष साह आ मल्ल संयुक्त कईले रहलन । अधिवेशन के उदघाटन सत्र के प्रमुख अतिथि पार्टी के केन्द्रीय विशेष समिति सदस्य आ प्रवेक्षक भुवन पाठक राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी हिन्दु राज्य सहित के राजतन्त्र हि देश के सहि रास्ता मे लेजाई जनकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम मे केन्द्रीय सदस्य मोहन यादव, पर्सा अध्यक्ष रामबाबु थापा, केन्द्रीय सदस्य गिरधारी चौधरी, बिनोद भारती, सचितानन्द तिवारी, बारा उपाध्यक्ष शिव प्रसाद तिमल्सिना, चिरञ्जीवी भट्ट पौडेल, द्वारीका प्रसाद गुप्ता, मंजुर मिया, कोषाध्यक्ष गणेश प्रसाद यादव, महिला संगठन के उपाध्यक्ष लालमुनी ठाकुर, विद्यार्थी के केन्द्रीय उपाध्यक्ष सुष्मा मिश्र लगायत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के सञ्चालन खड्ग प्रसाद उप्रेती आ स्वागत भरतबहादुर मल्ल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।