स्रोत ना खुलल २० लाख रोपेया सहित साह पकडईलें

वीरगंज २३ कातिक

वीरगंज से पुलीस अवैध वित्तीय कारोबार (हुण्डी) करेवाला एक युवक के स्रोत ना खुलल रोपेया सहित पकडले बा । पकडाएवाला मे बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका ५ नकटुवा के ३१ बरीस के चन्दनकुमार साह बाडन ।

साह के साथ से नगद २० लाख रोपेया बरामद कईल पुलीस जनवले बा । वीरगंज के घण्टाघर से आदर्शनगर जारहल साह सवार ना ४८ प ७६९१ नम्बर के मोटरसाइकल पुलीस रोक के चेकजाँच कईला पर उनकर झोरा से २० लाख रोपेया बरामद कईल पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

साह के साथ से बरामद रोपेया के स्रोत ना खुलल उ रोपेया हुण्डी कारोबार के भईल खनाल बतवनी । हुण्डी के रोपेया सहित पकडाईल साह के पुलीस हिरासत मे राख के बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन, २०७३ बिरूद्व के कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।