घडिअर्वा पोखरा मे छठघाट के सभी तइयारी पुरा

वीरगंज २३ कातिक
छठ पूजा व्यवस्थापन समिति घडिअर्वा पोखरा वीरगंज–१० छठ के सभी तइयारी पुरा भईल जनवले बा ।
हरेक बरीस जईसन ई बरीस भी समिति पत्रकार सम्मेलन करके बितल बरीस के आय व्यय आ ई बरीस के अनुमानित आयव्यय सार्वजनिक कईले बा । हिन्दूलोग के महान छठ पर्व भव्य र सभ्य रुपमे मनावत आ रहला मे ई बरीस भी घडिअर्वा पोखरा मे छठ पर्व भव्य आ सभ्य रुपमे मनावे खातिर सभी ब्रतालु आ श्रद्धालु भक्तजनलोग से निहोरा कईले बा । ई बरीस ५ हजार से बेसी दउरा आवेके अनुमान कईला के साथे दु लाख से बेसी श्रद्धालु भक्तजनलोग के आवेके जनावल बा । इहाँ छठ पूजा देखे खातिर बारा, पर्सा, रौतहट आ मकवानपुर काठमाण्डु लगायत के जिल्ला से श्रद्धालुलोग आवेके प्रचार प्रसार संयोजक क्रान्ति साह बतवनी ।
छठ घाट मे सुरक्षा खातिर नेपाल पुलीस २२ जने, सशस्त्र पुलीस ३० जने, पोखरा मे २ जने रेस्क्यु मे खटेके साथे ५५ जने स्वयंसेवक खटेके आ ८ गो सिसिटिभी क्यामरा जोडल गईल पत्रकार सम्मेलन मे जनावल गईल रहे ।पत्रकार सम्मेलन मे २०७६÷०७७ साल के यथार्थ आम्दनी रु १४ लाख ७७ हजार ६६१ आ खर्च १३ लाख ४७ हजाजर ९१० भईला के साथे बचत रु. १ लाख २९ हजाजर ७५१ भईल जनावल गईल बा । साथे आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ साल के अनुमानित आम्दनी १५ लाख आ खर्च १३ लाख ५० हजार होखेके साथे १ लाख ५० हजार अनुमानित बचत होखेके पत्रकार सम्मेलन मे जनावल गईल रहे । प्रेम साह कानु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड नं. १० के वार्ड अध्यक्ष नामनगिना साह कानु, उपाध्यक्ष दिलिप साह कानु, बालिमिकी साह कानु, पूर्व सचिव मनोहर साह, घडिअर्वा स्पोर्ट क्लब के लखनलाल गुप्ता, शम्भु गुप्ता, प्रणय कुमार, अजय गुप्ता, राकेश साह कानु, सुशिल साह कानु लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






