विपत पिडित विपन्न परिवार के राहत देहलख

प्रभु यादव

बारा २८ कातिक

बारा के कलैया मे विपत पिडित विपन्न परिवार के नेपाल भारत महिला मैत्री समाज काठमाण्डु राहत सामान देहले बा ।

जिल्ला समन्वय समिति बारा के सभा हल मे एक कार्जक्रम कर के ७० जने के परिवार के टेन्ट सेट सहित पटिया, कोदाली आ खुर्पी राहत सामान देहले बा । पिडीत परिवार के घर ना चईन लोग के टेन्ट सेट से कुछ दिन घर जईसन बईठे सकेला भारत से मागला से मिलल राहत सामान मिलल जवन पिडीत परिवार के समस्या समाधान ना होई माकिर छव महिना तक राहत मिलि कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी नेपाल के नेतृ पूर्व महिला तथा बालवालिका मन्त्री चन्दा चौधरी जानकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम जिल्ला समन्वय समिति के संयोजक तथा लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के बारा अध्यक्ष नवलकिशोर सिंह के सभापतित्व मे भईल जउना मे विशिष्ट अतिथि भारतीय महावाणिज्य दुतावास के कवनसुलार तरूण कुमार, बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण बहादुर कटवाल, प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र शाही, लोसपा के नेता श्याम गुप्ता, पिंकी यादव, नेपाल रेडक्रस बारा के उदय नेपाल, कल्पना खरेल, नेपाल भारत मैत्री संघ बारा के अध्यक्ष हिरालाल साह, लोसपा कलैया उपमहानगरपालिका के अध्यक्ष जयप्रकाश साह, प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला गुप्ता लगायत के सहभागिता रहल रहे । सैफुला अंसारी के सञ्चालन मे भईल कार्जक्रम मे पिडित लोग आपन आपन राहत सामान लेहले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।