रेडियो वीरगंज आ टिभी वीरगंजद्धारा एसपी पाण्डे के बिदाई

वीरगंज ०७ अगहन

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक(एसपी) बेल बहादुर पाण्डे के विदाई कईल बा ।

रेडियो वीरगंज आ टिभी वीरगंज से आजु एगो कार्जक्रम के बिच सरुवा भईल एसपी पाण्डे के विदाई कईले बा । रेडियो आ टिभी परिसर मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल के स्वागत भी कईल रहे ।

रेडियो वीरगंज एवम् टिभी वीरगंज के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुव साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का, वीरगंज पब्लिक कलेज के संचालक दिपक शाक्य, वीरगंज हेल्थ केयर के संचालक डा. अबुलैस हैस अंसारी, नारायणी अस्पताल के डा. उदय नारायण सिंह, डा. दिलिप चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

कार्जक्रम के सहजीकरण रेडियो वीरगंज के समाचार प्रमुख ध्रुव अधिकारी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।