सडक के खान्ता खुन्ती से सर्वसाधारण के समस्या
वीरगंज ०७ अगहन
वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र के मुख्य मुख्य सडक मे खान्ता भईला के बाद सार्वसाधारण जोखिम मे यात्रा करेमे बाध्य भईल बाडन । मुख्य सडक मे गहिरो खान्ता भईला पर भी लम्हर समय तक मर्मतसम्भार ना भईला पर सर्वसाधारणलोग जोखिम मे यात्रा करेमे बाध्य भईल बाडन ।
बडका बडका खान्ता के चलते दैनिक तीन से चार गो सवारी दुर्घटना भईला पर भी सम्बन्धित निकाय कउनो चासो ना लेहल स्थानीयवासी सिकाईत कईले बाडन । कामविशेष से भन्सार क्षेत्र भा लगेके भारतीय बजार रक्सौल जाएके पडला पर जोखिम मे यात्रा करेके पडल महानगरपालिका–२ छपकैया के असहाब आलम जानकारी देहनी । उ बिगडल सडक के चलते दुर्घटना के जोखिम सँगे वर्षात के समय पाँकी आ हिउँद के समय धुरा से हमनीसब के समस्या भोगेके पड रहल बा ।
वीरगंज भन्सार अगाडि के मुख्य सडक बरीसो से बिगडला पर भी सम्बन्धित निकाय के उ सडक मर्मत सम्भार के कउनो चासो ना भईल दुर्भाग्यपूर्ण रहल महानगरपालिका–१४ गण्डक निवासी अब्दु सैफ अन्सारी के कहनाम बा । उ बिगडल सडक के चलते उ क्षेत्र मे हरदम धुरा उडत रहल बतवनी ।
व्यापारिक मार्ग विस्तार योजना कार्यालय पथलैया के इन्जिनियर सञ्जीवकुमार गुप्ता घण्टाघर से मितेरी पुल तक के सडक मे रहल खान्ताखुन्ती के भर के पिंच करेके आ जरुरत मुताविक १७ मिटर चौडाइ के सडक हि निर्माण करेके योजना सहित के अनुमान भौतिक पूर्वधार तथा यातायात मन्त्रालय मे बुझावल आ मन्त्रालय से स्वीकृति देते मातर काम सुरु करेके बतवनी ।






