बारा के १३ पालिका मे नेपाली काँग्रेस के नगर अधिवेशन वियफे के होखी

प्रभु यादव
बारा ०८ अगहन
नेपाली काँग्रेस पार्टी के बारा मे १३ पालिका मे नगर अधिबेशन वियफेके होखेके जनावल गईल बा ।
बारा के १६ पालिका मेसे बिवाद भईल तीन पालिका छोड के बाँकी मे नगरअधिबेशन करे जारहल बा । नेपाली काँग्रेस बारा के नगर अधिबेशन बहुते बेर समय बढला से कब होई विश्वास घटते जारहल ओकर मध्य नजर कर के विवाद रहल पालिका के छोड के बाँकी मे कईल जारहल प्रमुख निर्वाचन अधिकृत राजन दहाल बतावले बानी ।
विवाद रहल प्रसौनी गाँवपालिका, पचौरौता आ सिम्रौनगढ नगरपालिका मे विवादित रहल वार्ड मे वार्ड अधिवेशन करेके भईला से नगरअधिबेशन पाछे कईल जाई पार्टी कार्यालय जनकारी करावले बा ।






