घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय कलैया ७ वाँ उद्योग दिवस मनवलख

प्रभु यादव
बारा ०९ अगहन
बारा के कलैया मे घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय साता वाँ उद्योग दिवस मनवले बा ।
“स्वदेशी उद्दम र उत्पादन दिगो औधोगीक पुनरुत्थान” कहल मुल नारा के सँगे घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय बारा के आयोजना मे नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय महासंघ बारा आ उद्योग वाणिज्य संघ कलैया बारा के सहकार्य मे दिवस मनावल गईल रहे ।
दिवस के अवसर मे घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय कलैया ४ के प्राङ्गण मेसे सुरू भईल जुलुस बजार परिक्रमा कर के भरत चौक मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहल रहे । कार्जक्रम आयोजक कार्यालय के प्रमुख अरबिन्द यादव के अध्यक्षता मे बारा जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण बहादुर कटुवाल के प्रमुख आतिथ्यता मे सम्पन्न भईल रहे ।
कार्जक्रम मे उद्योग वाणिज्य संघ बारा के अध्यक्ष राजकुमार साह, नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय महासंघ बारा के अध्यक्ष इम्रान इराकी, लगायत के लोग साना उद्योग स्थापना कर के रोजगार सृजना करी आ आयआर्जन बढावे मे लगावेला राज्य से सहजोग होखे के बतावले रहनी ।
कार्जक्रम के सञ्चालन नायव सुब्बा अमोद कुमार यादव के रहल स्वागत मन्तव्य कम्प्युटर अपरेटर उपेन्द्र यादव कईले रहलन जवना मे नायव सुब्बा अलिशरण अंसारी, तालिम प्रशिक्षण संजय कुमार सिंह के सहभागिता रहल रहे ।






