प्रधानन्यायधिश के राजिनामा माग करत बारा मे विरोध कार्जक्रम

प्रभु यादव
बारा १० अगहन
सर्वोच्च अदालत के प्रधानन्यायाधीश चोलेन्द्र शमशेर जबरा के राजीनामा के माग करत आन्दोलनरत कानुन व्यवसायी लोग बारा जिल्ला अदालत के प्राङ्गण मे विरोध सभा के आयोजना कईले रहल । आदालत के प्राङ्गण मे १२ बजे से टेनड लगा के मन्च बनाकर के विरोधसभा कईले बाडन ।
नेपाल बार एसोसिएसन बारा के अध्यक्ष संतोष कुमार गुप्ता के सभापतित्व मे कानुन व्यवसायीलोग बारा जिल्ला अदालत के मूल द्वार के अगाडि टेन्ट गिरा के विरोध सभा कईले रहलन । जनता के आस्था रहल स्वतन्त्र न्यायपालिका उपर प्रधानन्यायाधीश के चलते बिवाद भईल आ न्यायालय से विश्वास ओरात गईल कहत नेपाल बार एसोसिएसन बारा से कईल गईल विरोध सभा मे बोलत बक्ता लोग प्रधानन्यायाधीश के राजीनामा देवेके बतवले बानी ।
विरोध सभा मे बार एसोसिएसन उच्च अदालत वीरंगज के अध्यक्ष प्रमोद साह, रौतहट के अध्यक्ष राजाराम यादव, पर्सा अध्यक्ष ओमप्रकाश गुप्ता, पूर्व रौतहट अध्यक्ष अनन्त अधिकारी, वरिष्ठ अधिवक्ता प्रहल्लाद गौतम, पूर्व पर्सा अध्यक्ष पन्नालाल गुप्ता, रामअशिष यादव, पूर्व रौतहट अध्यक्ष नन्दकिशोर साह, अधिवक्ता अरूण दुवे, प्रमहंस केसरी, उच्च अदालत वीरंगज के पूर्व अध्यक्ष सुधिर कर्ण, पूर्व केन्द्रीय उपाध्यक्ष विनय सिंह, निवर्तमान अध्यक्ष सालिक राम लगायत के कानुन व्यवसायी लोग आपन–आपन बात राखत विरोध सभा के सम्बोधन कईले रहनी ।
कार्जक्रम के सञ्चालन बारा के सचिव समसुदीन हवारी कार्जक्रम के औचित्य आ विशेषता प्रष्ट कईले रहलन मह्मद रफिक आ स्वागत दिनेश मण्डल धानुक के रहल रहे । “प्रधानन्यायधिश जान्दैनौ, चोलेन्द्र शम्शेर मान्दैनौ” नारा लगावत प्रधानन्यायाधीश के राजीनामा ना आवे तक आन्दोलन जारी रहेके बार एसोसिएसन जनवले बा ।






