कलवार कल्याण समाज के दुसरका अधिवेशन पुरा

प्रभु यादव

बारा ११ अगहन

बारा के कलैया मे कलवार कल्याण समाज समिती के दुसरका जिल्ला अधिबेशन पुरा भईल बा ।

सम्पन्न अधिबेशन से मन्तोष चौधरी के अध्यक्ष मे ३५ सदस्यीय समिति सर्वसहमत भईल बा । बरिस्ठ उपाध्यक्ष मे असर्फी प्रसाद जयसवाल आ दिपेन्द्र प्रसाद साह सर्वसहमत से चयन भईल बाडन । ओईसही उपाध्यक्ष मे अशोक जयसवाल, बिजय जयसवाल, नरेश जयसवाल, तेज नारायण जयसवाल आ लेखा व्याहुत जयसवाल सर्वहमत से चयन भईल बानी ।

महासचिव मे बैधनाथ प्रसाद साह सचीव मे संयोज कुमार सहसचिव मे मदन प्रसाद जयसवाल कोषाध्यक्ष मे भग्य नारायण गुप्ता सह, कोषाध्यक्ष मे शिला देबि जयसवाल सर्वसहतत से चुनाईल बानी । समिति के सदस्य मे बबिता जयसवाल, राधिका जयसवाल, संजय जयसवाल, भैरोलाल साह कलवार, जय प्रकाश साह, तेजनारायण जयसवाल, दिनेश प्रसाद साह, जगदीश साह कलवार, जयराम जयसवाल, बिपिन चौधरी, सोनालाल साह, जट्टा शंकर प्रसाद साह, मौजोलाल साह, राजेश जयसवाल, सुरेन्द्र प्रसाद साह, राजकुमार जयसवाल कलवार, डा. संजय जयसवाल, लोकेन्द्र जयसवाल, राजेश गुप्ता, निरज प्रसाद कलवार आ मनोज जयसवाल सर्वसहमती भईल कमिटि के कार्जक्रम के अध्यक्षता करहल निर्वाचन समिती के संयोजक भरत साह कलवार जनकारी करावले बानी ।

अधिबेशन से सर्वसहमती से सुनाईल टिम सभी कलवार एक जुट होकर के कलवार समुदाय के हकहित के खातिर काम करे के निर्वाचित अध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले रहनी । जिल्ला अधिबेशन कलैया बारा निर्णय व्यवसायी संघ के सभा हक मे भईल जवना मे कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि बारा जिल्ला समन्वय समिति के सहसंयोजक पवन व्याहुत नया समिति के फुलमाला लगा के स्वागत आउरी पुरान समिति लोग के प्रमाण पत्र देहत फुलमाला लगा के विदाई कईले रहनी ।

कलवार कल्याण समाज के दुसरका जिल्ला अधिवेशन के उदघाटन सत्र कातिक के ७ गते भईल रहल बन्द सत्र सुरू होखे से पहिले कुछ मतभेद सुरू भईला से करिब एक महिना वाद मे बन्द सत्र कर के समिति बनावल गईल निर्वाच अधिकृत साह जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।