मधेश के बारम्बार ठगे के काम होरहल बा : पूर्व मन्त्री सोनल

प्रभु यादव

बारा ११ अगहन

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १३ बलिरामपुर मे लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के वार्ड भेला कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पूर्व भौतिक पुर्वाधार मन्त्री आ लोसपा नेता जितेन्द्र सोनल मधेश के बारम्बार ठगे के काम कईले बा उहे आपने आप के मधेस के मसिहा कहलात रहल आज उहे मधेस सँगे गद्दारी कर के देश बेचुवा से मिल के मधेस के मुदा छिनबिन करेके काम मे लागल बतवले बानी । लोसपा वार्ड भेला तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि केन्द्रिय सदस्य संजय पाण्डे, जय प्रकाश साह, पिंकी यादव, सुजित गुप्ता आपन आपन बात रखले रहनी ।

लोसपा वार्ड भेला तथा पार्टी प्रबेस कार्जक्रम मे बहुते पार्टी छोडके सयो जने पार्टी प्रवेश कईले बानी । कार्जक्रम के अध्यक्षता राधेचन्द्र प्रसाद साह कईले रहनी जवना मे सुरेश मण्डल, खुर्सेद आलम, स्थानिय युवा नेता लोग के सहभागीता रहल कार्जक्रम के सञ्चालन शशी केशरी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।