वीरगंज के किसान के अनुदान मे गहुँ के बिया बाँटल गईल

वीरगंज १२ अगहन
वीरगंज महानगरपालिका ३२ गो वार्ड के किसान के ५० प्रतिशत अनुदान मे गहुँ के बिया वितरण कईले बा । ३५ रोपेया प्रतिकिलो के दर से ३० मेट्रिक टन गहुँ के बिया वितरण कईल महानगर जनवले बा ।
३२ गो वार्ड के किसान के एलएल ९७१ जात के बिया वितरण कईल कृषि शाखा जानकारी देहले बा । एलएल ९७१ तराई के खातिर सिफारिस कईल जात के गहुँ के बिया ह । ३ सय ४७ जने किसान के आ ५ गो ग्रामिण वार्ड मे बिया वितरण कईल कृषि तथा पशुपन्छी व्यवसाय प्रवद्र्ध्न शाखा के ओमप्रकाश राम जानकारी देहनी ।
महानगर के कृषकलोग के कृषि उत्पादन मे प्रोत्साहन करे खातिर उन्नत जात के बिया वितरण कईल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी बतवनी ।
एकरा से महानगर भितर परेवाला खेती योग्य जमिन मे गहुँबाली लगावे खातिर किसान के प्रोत्साहन मिलेके दावी उनकर बा । ‘बिया, खाद खरिद मे किसान के ढाड सेकात आईल बा, किसान के सहुलियत देवेके उद्देश्य से अनुदान मे गहुँ के बिया वितरण कईल गईल बा,’ कहत उ, ‘किसान के कृषि पेशा मे रहे खातिर प्रोत्साहन मिलला के साथे उन्नत बिया लगईला पर उत्पादन बढेके अपेक्षा बा ।’
तराई के जिल्ला मे लगावे खातिर पछुवा जात के विजय आ गौतम भी सिफारिस जात मे परेला । महानगर से गहुँ के पछुवा जात के बिया वितरण करेके तइयारी भी कर रहल कृषि तथा पशुपन्छी व्यवसाय प्रवद्र्धन शाखा प्रमुख उर्मिला श्रेष्ठ जानकारी देहनी । किसान के वितरण करे खातिर १६ मेट्रिक टन गहुँ खरिद करेके तईयारी हो रहल उ बतवनी ।
माकिर महानगर मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत ना भईला से पैसा निकासा होखे ना सकला से खरिद करेमे समस्या भईल बा ।
अधिकृत श्रेष्ठ के मुताविक गहुँ के बिया खरिद के खातिर कृषि सामान के अग्रिम भुक्तानी करेके पडि ।
‘पछुवा जात मे विजय जात के गहुँ खरिद करेके तईयारी कईल गईल बा । पईसा जम्मा कईल भौचर बुझईला के बाद मात्र कृषि सामग्री कम्पनी गहुँ के बिया दि,’ कहत उ, ‘कार्यालय प्रमुख ना भईला से खरिद मे अन्यौल भईल बा । आजु बोलावल किसान के खाली हाथ फिर्ता करेके पडल बा ।’
प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रदीप निरौला सरुवा होके गइल बाडन आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के रुप मे आवेके कहल गईल निश्चलराज पाण्डे आइल नईखे ।






