हिन्दु परिषद नेपाल आन्दोलन के घोषणा कईलख

प्रभु यादव
बारा १३ अगहन
बारा के कलैया मे प्रशासन विरुद्ध दिन्दु परिषद नेपाल बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।
वितल कातिक २४ गते छठि पुजा के खातिर राखल सामग्री सब स्थानीय मुस्लिम समुदाय के लोग तोडफोड कईल कहत करेवाला के कारवाही के माग करत आईल रहल बा ।
तोडफोड के बिषय बारे मे कातिक २५ गते छलफल के खातिर पन्चायति मे हिन्दु समुदाय आ मुस्लिम समुदायके विच झडप भईल रहल ।
झडप मे पर के मुडी मे चोट लागला से गम्भीर घायल भईल राधेश्याम पटेल के बीरगंज के न्युरो होस्पीट के अईसियु मे ईलाज होरहल परिषद के अध्यक्ष गोपाल दास जानकारी करावले बानी । घाटना मे संलग्न रहल आदम उपर मुद्दा दार्ता रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा दोषी सब के पकडे नासकल विरुद्ध मे हिन्दु परिषद नेपाल प्रशासन के लक्ष्य कर के नरबाजि कईले रहे ।
घाटाना मे संलग्न दोषी सब के २४ घणटा भितर पकडे के माग करत जदि ना पकडला पर आन्दोलन उग्ररूप भईला पर ओकर जिम्मेवारी प्रहरी प्रशासन जिम्मेवारी लेवेके परि अध्यक्ष सन्तोष पटेल बतवले बानी । हिन्दू परिषद नेपाल जिल्ला कार्य समिति बारा के घटाना मे संलग्न रहल अभियूक्त के पकडेला माग करत विरुद्ध के कार्जक्रम प्रेस बिज्ञप्ति मार्फत सर्बजनिक कईले बानी ।
कुवार १४ गते मंगलबार के दिन कलैया के भरत चोक मे १ घाण्टा चाका जाम करे के, अगहन १५ गते २ घाण्टा धारना देवेके, १६ गते १ घाण्टा बजार बन्द करावे के, १७ गते धर्मशाला आगाडि धार्ना देवेके बिज्ञप्ति माफर्त घोषणा कईले बा ।






