शिकारिबास सामुदायिक बिद्यालय के ५० जने विद्यार्थी के निःशुल्क डरेस देहल गईल

मेघराज राय

जिराभवानी १५ अगहन

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ शिकारिबास मे रहल सामुदायिक बिधालयल के ५० जने विद्यार्थीसब के सामाजिक अभियान्ता प्रकाश थारु के पहल मे भिसिएन नेपाल निःशुल्क स्कूल डरेस बाँटल गईल बा ।

स्कूल के ५० जने बिद्यार्थीलोग के डरेस बाँटत सामाजिक अभियान्ता थारु शिकारिबास के बिद्यार्थीलोग के उज्जवल भबिष्य के कामना करत आवेवाला दिनसब मे भी शिकारिबास के बिद्यार्थीलोग के खातिर कपी, पेन, झोरा, जुता, खेलकुद सामान आदि उपलब्ध करावे खातिर अपन पहल जारी रहेके अभियान्ता थारु बतवनी ।

थारु सामुदाय के बाहुल्यता तथा अधिकांस सुकुम्बासी बस्ती रहल उ बस्ति मे आयोजना कईल डरेस बितरण कार्जक्रम मे बिद्यार्थी आ अभिभावक बहुते खुसी भईल रहलन । उ कार्जक्रम मे सहभागी टिम के शिकारिबास के जनता फुलमाला पहिना के भब्य स्वागत कईले रहलन । कार्जक्रम मे बिधालय ब्यस्थापन के समितीका अध्यक्ष, शिक्षक, शिक्षिका, बुद्धिजिवि, गारजियन आ अगुवालोग के सहभागीता रहल रहे ।

सामाजिक अभियान्ता थारु पिछिलका समय मे भी शिकारिबास बासिलोग के खातिर पानी छानेवाला १३ गो माइक्रो वाटर फिल्टर आ अनेकन बेमारीसब के आँख, हडी, पेट आदि ५ किसिम के चिकित्सक के टोली लेके गईल आ निःशुल्क दवाईसब भी लेके शिकारिबास मे पहिलका बेर आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।