रेडियो वीरगंज के बार्षिकोत्सव मे अगहन १८ गते खुनदान आ २५ गते सांस्कृतिक कार्जक्रम होखी

वीरगंज १५ अगहन

मध्य तराइ के पहिलका रेडियो, रेडियो वीरगंज ९९ मेगाहर्ज आपन १९ वाँ बार्षिकोत्सव साताव्यापी कार्जक्रम करके मनावेके जनवले बा । साताव्यापी रुप मे अगहन १८ गते से २७ गते तक अनेकन कार्जक्रम करके बार्षिकोत्सव मनावे के तईयारी भईल रेडियो जनवले बा ।

बार्षिकोत्सव के अवसर मे अगहन १८ गते शनिचर के दिने वीरगज के मुर्लिवगैचा स्थित रेडियो वीरगंज के परिसर मे खुला रक्तदान कार्जक्रम के आयोजना होखेके रेडियो के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुव साह जानकारी देहनी । उ वितल बरीस जईसन ई बरीस आयोजना होखेवाला खुनदान कार्जक्रम मे ४ सय जने से खुनदान करेके लक्ष्य रहल बतवनी ।

रेडियो परिसर मे आयोजना होखेवाला बृहत खुनदान कार्जक्रम मे जनानीलोग के बेसी प्राथमिकता देहल गईल बतवनी । उ कहनी, “जनानीलोग के हि बेसी खुन के जरुरत पडेला माकिर जनानी खुनदान करेमे डेराली । उहे चलते कार्जक्रम मे बेसी से बेसी जनानीलोग के खुनदान करावे मे हमनी के ध्यान आ प्राथमिकता होखी ।”

एहितरे, बार्षिकोत्सव के अवसर मे साताव्यापी कार्जक्रम अन्तर्गत अगहन २५ गते वीरगंज के आदर्शनगर मे बृहत सांस्कृतिक कार्जक्रम भी होखेके अध्यक्ष साह बतवनी । अगहन २५ गते शनिचर के दिन के १ बजे आयोजना होखेवाला बृहत सास्कृतिक कार्जक्रम के सभी तईयारी पुरा भईल रेडियो के अध्यक्ष साह बतवनी ।

बृहत सांस्कृतीक कार्जक्रम मे चर्चित कलाकारलोग प्रकाश सपुत, हेमन्त शर्मा, अस्मिता अधिकारी, एलिना चौहान, कमल खत्री, सन्जु अमात्य, सुनिल पंडित, कमेडियन सुबोध गौतम सहित कलिउड डान्स ग्रुप हेटौडा के बेजोड प्रस्तुती होखी ।

एहतिरे, रेडियो के बार्षिकोत्सव के अवसर मे मे अगहन २७ गते से टिभी बीरगंज के नियमित प्रशारण भी शुभारम्भ करेके अध्यक्ष साह जानकारी करवनी । उ रेडियो वीरगंज के भातृ संस्था के रुप मे रहल टिभी वीरगंज, रेडियो पोखरीया के आउर बेसी माया ममता आ स्नेह प्रदान करके जनता के पहरेदार के रुप मे स्थापित करे खातिर बितल बरीस जईसन आवेवाला दिन मे भी सहजोग करे खातिर निहोरा कईनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे सहभागी पत्रकारलोग अगहन २५ गते आयोजना होखेवाला बृहत सांस्कृतिक कार्जक्रम मे स्थानिय भाषा आ लोक सांस्कृति के प्राथमिकता देवेके सुझाव देहले रहलन । जवाफ मे रेडियो के अध्यक्ष साह स्थानिय भाषा भोजपुरी आ सांस्कृति के प्राथमिकता देवेके प्रतिवद्धता भी जनवले रहनी । पत्रकार सम्मेलन के सहजिकरण रेडियो के उज्वल घिमिरे कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।