पर्सा मे देउवा समूह के दु तिहाइ महाधिवेशन प्रतिनिधि निर्वाचित

वीरगंज १७ अगहन

नेपाली कांग्रेस के १४ वाँ महाधिवेशन के खातिर पर्सा मे भईल क्षेत्रीय अधिवेशन के निर्वाचन मे संस्थापन पक्ष निकट के दु तिहाइ महाधिवेशन प्रतिनिधि निर्वाचित भईल बाडन । पर्सा जिल्ला मे ४ गो प्रतिनिधिसभा निर्वाचन बा । उ सभी से करके १ सय महाधिवेशन प्रतिनिधि निर्वाचित भईल बाडन ।

जउना मेसे संस्थापन देउवा पक्ष निकट के ७५ जने महाधिवेशन प्रतिनिधि निर्वाचित भईल बाडन । संस्थापन इतर पक्ष के २५ जने मात्र महाधिवेशन प्रतिनिधि चुनाईल बाडन । पर्सा मे भईल प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र के अधिवेशन मे संस्थापन देउवा पक्ष मे केन्द्रीय सदस्यद्वय रमेश रिजाल आ अजय चौरसीया, पूर्वमन्त्री एंव पूर्व जिल्ला सभापति सुरेन्द्र चौधरी, प्रदेश सरकार के मन्त्री ओम प्रकाश शर्माबीच समीकरण बनल रहे ।

संस्थापन पक्ष इतर मे जिल्ला सभापति अजय द्धिवेदी आ पूर्वजिल्ला सभापति राजेन्द्रबहादुर अमात्य के समीकरण बनल रहे । जिल्ला सभापति द्धिवेदी, अभी विमलेन्द्र निधी निकट बाडन ।

क्षेत्र नम्बर १ मे भईल निर्वाचन से निर्वाचित २५ जने महाधिवेशन प्रतिनिधि मेसे संस्थापन पक्ष के ५ जने आ संस्थापन इतर समूह के २० जने बाडन । क्षेत्र नम्बर २ मे भईल निर्वाचन से निर्वाचित २५ जने महाधिवेशन प्रतिनिधि मेसे २४ जने संस्थापन पक्ष के बाडन आ १ जने मात्र संस्थापन इतर समूह से निर्वाचित भईल बाडन ।

संस्थापन इतर समूह से निर्वाचित श्याम पटेल, कांग्रेस के जिल्ला सचिव हउवन् । इहे क्षेत्र मे जिल्ला के परिचित नेता तथा पूर्वजिल्ला सभापति एंव संविधानसभा सदस्य राजेन्द्रबहादुर अमात्य महाधिवेशन प्रतिनिधि बनेमे असफल भईल बाडन ।

महाधिवेशन प्रतिनिधि के खातिर खुल्ला ओरी १० पद के खातिर भईल निर्वाचन मे अमात्य ११ वाँ नम्बर मे परला के बाद उ महाधिवेशन प्रतिनिधि बने नईखन सकल । पर्सा के क्षेत्र नम्बर ३ मे संस्थापन समूह क्लीनस्वीप हि कईले बा । निर्वाचित सभी २५ जने महाधिवेशन प्रतिनिधिलोग संस्थापन समूह के बाडन । क्षेत्र ४ मे संस्थापन समूह के २१ जना आ संस्थापन इतर समूह के ४ जने मात्र महाविधेशन प्रतिनिधि चुनाईल बाडन ।

क्षेत्र नम्बर १, २ आ ३ मे निर्वाचन भईल बा आ क्षेत्र नम्बर ४ मे सर्वसहमति मे क्षेत्रीय कार्य समिति आ महाधिवेशन प्रतिनिधि चयन कईल बा । एहितरे पर्सा के ४ प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र मे भईल क्षेत्रीय अधिवेशन से निर्वाचित क्षेत्रीय सभापति मेसे ३ गो मे संस्थापन पक्ष के आ एगो मात्र संस्थापन इतर समूह के सभापति निर्वाचित भईल बाडन ।

क्षेत्र नम्बर १ मे संस्थापन इतर समूह के अरविन्द गुप्ता सभापति मे निर्वाचित भईल बाडन । क्षेत्र नम्बर २ के सभापति मे निर्वाचित महम्मद शाहाबुद्धिन, क्षेत्र नम्बर ३ के सभापति श्रीकृष्ण चौहान आ क्षेत्र नम्बर ४ के सभापति श्रीकान्त यादव संस्थापन समूह के बाडन । १४ गो पालिका रहल पर्सा मे, पालिका अधिवेशन आ जिल्ला अधिवेशन केन्द्रीय महाधिवेशन के बाद मात्र होखेवाला भईल बा । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।