परीक्षा रोकके राजनीति दल के चुनाव, विद्यालय के विद्यार्थीलोग कईलख विरोध प्रदर्शन के साथे तोडफोड

प्रभु यादव

बारा १७ अगहन
बारा मे परीक्षा स्थगित कर के विद्यालय मे राजनीतिक दल के चुनाव कईल विरोध मे पढनियार लईका सब विद्यालय मे तोडफोड करत आगजनी कईले बाडन ।

महागढीमाई नगरपालिका के वार्ड नम्वर १० गञ्जभवानीपुर के भोला माध्यमिक विद्यालय के पढनियार लईका सब टेबल, बेञ्च आ कुर्सी तोडफोड कर के आगजनी कईले बाडन ।

अगहन १२ गते से सुरू भईल परीक्षा अगाडि सूचना देले बेगर स्थगित कर के निर्वाचन क्षेत्र नम्बर–२ के नेपाली काँग्रेस के क्षेत्रीय चुनाव करेलागल कहत किलास ६ से किलास १२ तक के पढनियार लईका सब करिब एक दर्जन टेबल, बेञ्च आ कुर्सी तोडफोड कर के आगजनी कईल बारा प्रहरी जनाकारी करावले बा ।

परीक्षा स्थगित कर के राजनीतिक दल के चुनाव करे लागल एक दिन पहिले सूचना देवेके ना त सार्वजनिक सूचना प्रकाशित करे के विद्यालय के प्राध्यानाध्यापक मोहनप्रसाद साह तेली ओईसन ना कईले बाडन कहत पढनियार लईका सब के समूह आक्रोशित होकर के तोडफोड कईल स्थानिय लोग जानकारी करावले बा ।

विद्यालय मे राजनीतिक आ पढनियार लईकालईकी सब के समस्या ना परेवाला शिक्षा ऐन लागु भईला पर भी स्थानिय नेता सब लोग अबहुवो विद्यालय के राजनीतिक अखडा बनावले बा कहत बिरोध कईल गईल पढनियार रामजी प्रसाद जानकारी करावले बानी ।

नेपाल मे कोरोना के कहर अईला वाद पढाइ बन्द भईला के वाद सुचारू होरहल पढाइ के नेतालोग चुनाव करवारहल पढनियार लईकालईकी सब के परीक्षा स्थगित करल जायज नारहल स्थानीय अभिभावक सब समाजिक सञ्जाल मे आपन विचार राख के सिकायत कईले बानी ।

विद्यालय मे लईकालईकी सब के पढाइ मे कवतक खेलवाड नेता लोग करीहन स्थानिय उमाशंकर साह सिकायत कईले बानी । विद्यालय के मास्टर आ स्थानिय मे रहल नेता सब पढनियार लईकालईकी सब के उस्काकर के विरोध करावल नाजायज रहल बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।