गिट्टी बालु लोड ट्रेलर से दबाके गादी खोला मे एक युवक के ज्यान गईल
मेघराज राय
जिराभवानी १८ अगहन
लोड कईल ट्रयाकटर से दबईला पर एक युवक के ज्यान गईल बा । पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका वार्ड नं २ रंगपुर के ३४ बरीस के सबिर खाँ के ज्यान गईल बा । उहे जगहा मे रहल इदगाह के निर्माणकाम के खातिर गादी खोला से गिट्टी बालु के उत्खखन करके फिर्ता भईला पर दुर्घटना भईल बा ।
वार्ड नं १ के गादी मन्दिर से उत्तर मे रहल गादी खोला के किनार मे घटना भईल स्थानीय बतवले बाडन । गिट्टी वालु लोड कईल ट्रयाक्टर के ट्रेलर चक्का के वेयरिङ फूटल रहे । वेयरिङ डाले खातिर जग लगाके ट्रयाक्टर उठाके काम कईला पर जग से लोड सहे ना सकला पर निचे बईठके वेयरिङ कस रहल साविर दबाईल स्थानीय प्रत्यक्षदर्शी जनवले बाडन ।
गिट्टी बालु के निकासी रोका रहल भईला पर भी वार्ड नं २ के सिफारिश मे गिट्टी बालु निकासी के इजाजत देहले रहे । गाँवपालिका के सिफारिश मे इजाजत देवेके वार्ड के सिफारिश मे देहल गईल सिफारिश के चलते एक युवा के ज्यान गईल स्थानीय टिप्पणी कईले बाडन । सब के मुचुल्का उठाके सब के पोस्टमार्टम के खातिर नारायणी उपक्षेत्रय अस्पताल बीरगंज मे पठावल गईल ईलाका प्रहरी कार्यलय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा बतवनी ।






