पढनियार लईकालईकी के दबाव देके पईसा उठावता स्कूल

प्रभु यादव

बारा ०१ पुस

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २६ सिस्वा महेशपुर के नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय पढनियार लईकीलईकी के दवाव देके पईसा उठा रहल बा ।

किलास ११ आ १२ के पढनियार लईकीलईका सब से महिना के पाँच सय के दर से साल के छव हजार बलजफ्ती देवे के पडी फारम ना भरे के कहत उठावल पढनियार लईका सब सिकायत कईले बाडन । कोरोना से किलास ११ मे पढाइ ना भईल आ परीक्षा स्कूल मे ही लेहल गईल पईसा ना लेवे सकल जवन जोर के अभि किलास १२ मे परीक्षा के फारम भरे के समय मे जोर के लेरहल बा जवन नियम से गैरसरकारी रहल पढनियार लईका लईकी सब सिकायत कईले बानी ।

किलास ११ के राजिष्टेशन फारम आ कलास १२ के परीक्षा फारम भरे के समय मे ११ के पढनियार के छव हजार पाँच सय आ १२ के पढनियार से तेरह हजार चार सय माग करहल ना देहला पर फारम ना भरेके मिलि स्कूल दवाव देके पईसा लेहलक पढनियार सब जनकारी करावले बा । आपने खाएला राखल धान बेच के स्कूल के फिस तिरेके परल नाम ना राखे के शर्त मे जनकारी करावले बा ।

पढनियार लईकालईकी सब कानुन विपरित के आर्थिक सहजोग के रकम आपन भविष्य के चिन्ता राख के स्कुल के दवाव मे पर के घर से आपन गारजियन के करकाप लगा के घान बेचवा के त कर्जा लिया के फिस तिरेमे बाध्य भईल जनकारी करावले बानी ।

विद्यालय के प्रधानाध्यापक राधाकृष्ण यादव विद्यालय व्यवस्थापन समिति के निर्णय भईला से महिना के पाँच सय के दर से पढनियार लोग से पर महिना के रकम लेहल जारहल बा जवन विलुली आ पानी मे खर्च करे के बतावले बानी । प्राविधिक कलास मे पढावेला शिक्षक पूरा नव जने रहल बा आ पढाइ समय मे होरहल यादव जनकारी करावले बानी । नियम से मासिक लेवे के ना मिली माकिर विद्यालय व्यवस्थापन समिति के निर्णय भईल जवना के मान के पढनियार लोग के गारजियन के नाम मे आर्थिक सहजोग लेहल गईल प्रअ यादव जनकारी देहले बानी ।

पढनियार लोग के आर्थिक अधिक भार पर रहल बा जवना के सहज करेला किलास ११ के खातिर तीन हजार पाँच सय आ कलास १२ के पाँच हजार चार सय तिर के फारम भरे के आ बाकी पईसा प्रयोगात्मक मे पढनियार लोग के देवेला आई पईसा ओमे मिनहा करे के यादव जनकारी करावले बानी । विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष रामबाबु यादव से जनकारी लेहला पर समिति से निर्णय भईल बा विजुली बत्ती आ पानी के खर्चाला पर महिना के पाँच सय के दर से लेवेके माकिर एक बेर मे ना पाँच बेर मे पूरा कर सकेके कहल गईल जानकारी करावले बानी ।

स्कूल मे अउरी उच्च कलास तक के पढाइ बढावे के प्रयास कईल जारहल बा जवना खातिर पईस के जरूरी परी ओकरा खातिर किलास ११ आ १२ मे नाम दर्ता एक हजार के दर से आ महिना के पाँच सय लेवे के निर्णय भईल जनकारी करावले बानी । प्राविधिक शिक्षा मे पढावेला पहिले कठिनाई होतरहल माकिर सभे विषय के पढवनिहार गुरु लोग के एक महिना से नियुक्त कर के पढाइ मे जोर देहल गईल अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा के प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल से जनकारी लेहला पर समुदायिक विद्यालय के कवनो कलास मे फिस ना लेवे के नियम रहल बा लेरहल बा त गैरकानुनी भईल जनकारी करावले बानी । राजिष्टेशन आ फाईनल परीक्षा के खातिर किलास ११ मे पाँच सय आ किलास १२ मे प्रयोगात्मक फिस आ परीक्षा फिस कर के एक हजार एक सय पचिस रोपेया बाहेक दुसर रोपेया ना लेवेके प्रमुख वर्णवाल जनकारी करावले बानी ।

प्राविधिक शिक्षा पढेवाला लईकालईकी सब के एक जने के किलास ९ से १२ किलास मे तक १५ हजार रोपेया प्रयोगात्मक खर्च आवेला जवन विद्यालय मे रहल पढनियार के संख्या से पेठावल जाला । प्रयोगात्मक के खातिर पेठावल पईसा मे से पढनिहार लईका सब के पर महिना एक हजार उलोग के खाता मे पेठावे के आ बाकी पईसा व्यवस्थापन मे खर्च करेके निर्देशिका रहल प्रमुख वर्णवाल जनकारी करावले बानी ।

किलास १० मे तीन महिना किलास ११ मे तीन महिना कलास १२ मे छव महिना वा किलास १२ मे एके बेर १२ महिना प्रयोगात्मक प्रक्षिण मे जाएके निर्देशिका मे नियम रहेला । किलास ११ मे १३ जने आ किलास १२ मे २९ जने पशु विज्ञान विषय पढेवाला पढनियार लईकालईकी रहल स्कूल जानकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।