समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के जिल्ला भेला पुस १२ गते होखी

वीरगंज ०७ पुस
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकीकृत समाजवादी) पर्सा के प्रचार विभाग के बईठक आजु पुरा भईल बा ।
वीरगंज के राधेमाईस्थित पार्टी कार्यालय मे बईठल बईठक से समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा के जिल्ला भेला पुस १२ गते सोमार के दिन करेके निर्णय कईले बा ।
पार्टी प्रचार विभाग प्रमुख एवम् समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य राघव साह के अध्यक्षता मे पुरा भईल बईठक से एकीकृत समाजवादी निकट के समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल मे आवद्ध होखेवाला इच्छुक पर्सेली क्रियाशिल संचारकर्मीलोग जिल्ला भेला से पहिले सदस्यता लेवे खातिर आव्हान भी कईले बा । बईठक मे बोलत एकीकृत समाजवादी पर्सा के अध्यक्ष बालगोपाल थापा समाजवाद के बारे मे चर्चा करत संगठन के चुस्त, दुरुस्त बनाके लेजाएके बतवनी । उ संगठन मे क्रियाशिल संचारकर्मी के प्राथमिकता देके संगठन निर्माण करेके बात मे जोड देहले रहनी ।
बईठक मे एकीकृत समाजवादी के वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी, प्रेस संगठन के केन्द्रिय सदस्यद्वय बृजलाल पासवान, रेबिन्द्र कार्की, समाजवादी प्रेस संगठन के नेता मनोज पटेल, सरोज खड्का लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






