आपन स्वार्थ सिद्ध करे खातिर नगरपालिका आ हमर चरीत्र हत्या कईल जा रहल : गुप्ता

सत्येन्द्र प्रताप सिंह
रौतहट ०८ पुस
रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता पदीय मर्यादा मे कामकाज करेके उदेश्य साथ नगरपालिका मातहत के कार्यालयसब मे अनुगमन कईलें ।
माकिर उ काम के सराहना कईला के बदले कुछ संचार माध्यमा कपोकल्पित भ्रामक समाचार सम्प्रेषण कईला मे आपत्ति प्रकट कईले बा । ईशनाथ नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता आईल समय से हरेक काम मे भ्रष्टाचार बढल समाचार प्रकाशित उपर नन्दकिशोर गुप्ता कपोकल्पित भ्रामक रहला के साथे कउनो सत्य तथ्य ना रहल दावी कईनी ।
सञ्चारकर्मी से बातचीत करत ईशनाथ नगरपालिका के नि. प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता हमरा अईला के बाद भौतिक पूर्वाधार, शिक्षा, खानेपानी, यातायात के काम चल रहल बा । कउनो निर्माण काम पुरा भईल कागजात अईला पर भी सम्बन्धि कागजात ओमे नईखे कईसे भुक्तानी देवेके अर्थात कागजातसब ना देखके भुक्तानी देवे खातिर कैयनलोग प्रेसर देहला पर भी उ काम नियम विपरीत भईला से काम अगाडी बढावल नईखे । काम रुकला के कुछ सञ्चारमाध्यम आपन स्वार्थ सिद्ध करे खातिर हमर व्यक्तिगत चरित्र हत्या मे लागल गुप्ता बतवनी ।
इशनाथ नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता २०७६ बैशाख ०२ गते हाजिर भईल रहलन । ईशनाथ नगरपालिका कार्यालय के चलानी नम्बर ९९६, मिति २०७६÷०८÷०१ के करार पत्र से प्रविन टिब्रेवाल के प्रेस संयोजक पद मे करार सम्झौता कईला से उ पदीय दायित्व अनुसार काम संतोषजनक ना भईला से मिति २०७६÷१२÷१३ गते लागु होखेवाला किसिम से उनकर करार सम्झौता रद्द कईल व्यहोरा जानकारी करावल गईल बा ।
ईशनाथ नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के रुप मे रामजी जोशी २०७७÷०४÷०५ मे हाजिर भईल से २०७८÷०४÷०९ तक कार्यकाल रहला पर फेनु प्रेस संयोजक के रुप मे राखेके कउनो प्रतिक्रिया ना देखल गईल निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता बतवनी ।
हम नन्दकिशोर गुप्ता इहे सावन ०५ गते से ईशनाथ नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पद सम्हारल के बाद कैयन बेर प्रवीण टिब्रेवाल फेनु प्रेस संयोजक पद राखे खातिर दवाब देरहला पर उ अनुकुल काम ना कईला से कपोकल्पित भ्रामक समाचार सम्प्रेषण करके हमर लगायत नगरपालिका के चरीत्र हत्या कईल बतवनी ।
आव २०७६÷०७७ महालेखा लेखा परिक्षणा के प्रतिवेदन मुताविक १ लाख ६४ हजार ५सय बेरुजु प्रविन टिब्रेवालक नाम मे आईल बा ।
कानुनी सल्लाहकार तथा प्रेस संयोजक –स्थानीय तह के पदाधिकारी तथा सदस्य के सुविधा सम्बन्धि ऐन २०७५ आ स्थानीय तह के पदाधिकारी तथा सदस्य के सुविधा ऐन २०७७ मे प्रदेश नम्वर २ मे स्थानीय तह के प्रमुख तथा उपप्रमुख स्वकीय सचिव, सल्लाहकार, प्रेस संयोजक राखे मिलेके व्यवस्था नईखे ।
स्थानीय सरकर ऐन २०७४ के दफा ८३(८)मे दोसर जगहा कुछो उल्लेख रहला पर भी गाँवपालिका तथा नगरपालिका नगर प्रहर, सवारी चालक, सयश, कार्यालय सहजोगी, प्लम्बर, ईलेक्ट्रीसियन, चौकीदार, माली, बगैंचे आ सरसफाइ सम्बन्धि पद मे स्थायी पदपूर्ति ना करके प्रतिस्पर्धा के आधार मे सेवा करार से मात्र लेवेके पडि । उ बाहेक के आउर पद मे सेवा मे करार से पदपूर्ति करे ना मिली ।






