नौतन बिद्यालय के प्रअ यादव के गौरजिमेवारी, सरोकारवाला निकाय मौन

वीरगंज ०९ पुस
नेपाल सरकार शिक्षा मे प्रोत्साहन, देश मे दिगो बिकास आ समृद्धि के खातिर गुणस्तरीय शिक्षा देरहल समय बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ नौतन मे रहल श्री राम जानकी ने.रा.नि.मे बिद्यालय के अवस्था डामाडोल भईल बा ।
प्रधानाध्यापक अजय यादव के गैर जिमेवारी के चलते विद्यालय मे पढे आवेवाला विद्यार्थीलोग बे्रन्च के बदले घर से बोरा लियाके जमिन के बईठके पढेमे बाध्य भईल देखला से प्रष्ट होता कि विद्यालय के अवस्था दिन पर दिन खराब हो रहल बा ।
विधालय के भौतिक संरचना निर्माण करे खातिर रु. २५ लाख अनुदान अषाढ के पहिलका हप्ता मे हि प्र.अ.के खाता मे उपलब्ध भईल रहे । माकिर स्कुल के मर्मत संभार होखे ना सकल स्कुल अभिभावक बिहिन रहल स्थानिय बतवले बाडन ।
अभी प्रधानाध्यापक यादव आपन दोष से बँचे खातिर वार्ड अध्यक्ष के मुडि पर खेल रहल समाचार मे जनावल गईल बा ।
अभिभावकलोग भी गैरजिमेवार बनला से आपन बाल बच्चा के भविष्य अन्धकार मे धकेलेके काम स्वयम अभिभावक भी कर रहल बाडन ।
विधालय के भौतिक संरचना निर्माण करके विधार्थीलोग के सरल आ सुबिधा सम्पन्न करेके प्रदेश सरकार के योजना भईला पर भी प्र.अ.आ वार्ड अध्यक्ष के द्वन्द्व के चलते विधार्थीलोग के भविष्य उपर खेलवाड करत आ रहल बाडन । विद्यालय के अगाडी आ पछाडि के देवाल भसकल बा उहाँ ना त धारा ना झाल दुवारी रहल बा । सिपटी के भी अवस्था ओईसने रहल बा ।
ई बिद्यालय मे पहिले ५०० से बेसी बिद्यार्थी रहलन माकिर अभी १५० मे पुगल स्थानियलोग बतवले बाडन । ई सम्बन्ध मे ना त वार्ड अध्यक्ष ना पालिका ध्यान देरहल बा ।






