नेपाल हिन्दू राष्ट्र कायम होखी : वक्तालोग

वीरगंज ०९ पुस
हिन्दू परिषद नेपाल वीरगंज मे दु दिने राष्ट्रिय सम्मेलन एवं प्रशिक्षण कार्जक्रम के शुभारम्भ कईले बा ।
परिषद आजु से सोल्टी गार्डेन होटल एण्ड पार्टी पैलेस मे एक भव्य समारोह के बीच भारत के मधुमुनि गुरु, नेपाल के धर्मपाल गुरु, संयुक्त जनआन्दोलन मोर्चा के अध्यक्ष तारानाथ लुईटेल, बरिष्ठ अधिवक्ता डा. सुरेन्द्र भण्डारी, पूर्व डिआईजी कृष्णभत्त ब्रह्मचार्य संयुक्त रुप मे पानस मे बत्ति बारके आ गमला मे पानी डाल के कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहनी ।
उदघाटन शत्र के सम्बोधन करत अतिथिलोग नेपाल के विशेशी के ईसारा मे धर्मनिरपेक्ष घोषणा कईला पर भी अब नेपाल जलदी हिन्दू राष्ट्र घोषणा होखेके विश्वास व्यक्त कईले रहनन । नेपाल मे ८२ प्रतिशत ओमकार हिन्दू समुदाय रहला पर भी विदेशी के लोभ मे पर के कुछ राजनीतिकदल के नेतालोग धर्मनिरपेक्ष घोषणा करवले रहलन । अब सभी नेपालीलोग एकजुट होके नेपाल के हिन्दू राष्ट्र बनावेके बात मे जोड देहले रहनी ।
नेपाल धर्मनिरपेक्ष घोषणा भईल से हि हिन्दू धर्म उपर बारम्बार आक्रमण हो रहला से अब सभी हिन्दूलोग एकजुट होके कडा संघर्ष करेके वक्तालोग जोड देहले रहलन । नेपालीलोग के पहिचान स्थापित करावे खातिर भी नेपाल के हिन्दू राष्ट्र घोषणा करेके बात मे जोड देत हिन्दूलोग के जबरजस्ती धर्म परिवर्तन करावे मे कुछ दलाललोग लागला से ओईसन दलालसब के समय मे खबरदारी करे खातिर निहोरा कईले रहलन । क्रिश्यचन, मुस्लिम धर्म के कुछ आदमीसब नेपाल मे रहल गरिब, असहाय परिवार के पईसा के लोभ देखाके धर्म परिवर्तन करावे मे दिनरात प्रयास कर रहला पर भी ओईसन कुतत्वसब के समाज से बहिस्कार तथा सरकार से भी ओईसन आदमीसब के कडा से कडा कारवाही करेके बात मे जोड देहले रहनी ।
उदघाटन कार्जक्रम के बाद सँझिया ५ बजे से ८ बजे तक धार्मिक सांस्कृतिक कार्जक्रम होखेके जनावल गईल बा । एहितरे बिहान १० गते सबेरे से प्रशिक्षण तथा हिन्दू धर्म संस्कृति उपर योग्दान पुगावल आदमीसब के सम्मान करेके जनावल गईल बा ।
परिषद् के राष्ट्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन शत्र मे बुटवल के बरिष्ठ समाजसेवी एवं उद्योगी मनोज मित्तल, बरिष्ठ समाजसेवी जगरनाथ प्रसाद कुर्मी, ज्येष्ठ नागरिक समाज पर्सा के सचिव नरेन्द्र तिवारी, सावित्रि माता, आरती माता, कालि माता, सुनसरी के दिपक महराज आतरे, सनातन संस्कृति समाज के महासचिव पुष्पराज पराजुली, परिषद के केन्द्रिय कोषाध्यक्ष मनोज कुर्मी, समाजिक अभियनता अगनी भुसाल, ब्रह्मकुमार गोकुल, केन्द्रिय कोषाध्यक्ष संजय सर्राफ, केन्द्रिय सदस्य रमेश रौनियार, सुरेश साह कानु, लालबाबु प्रसाद कुर्मी, विनोद प्रसाद कुर्मी, चिरञ्जन श्रीवास्तव, पिंकी महासेठ, अरुण झा, सुनिता रौनियार, सजना खतिवडा, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र पटेल, बारा जिल्ला अध्यक्ष गोपाल बाबा, जनपुर जिल्ला अध्यक्ष सशुध्न साह, रौतहट जिल्ला उपाध्यक्ष रंजित पटेल, लगायत के सहभागीता रहल रहे । उ कार्जक्रम मे देश के ७२ जिल्ला से करिब ५ सय के सहभागीता रहल रहे ।
परिषद् के केन्द्रिय उपाध्यक्ष बिजय गुप्ता से स्वागत कईल कार्जक्रम के सञ्चालन कृष्ण कान्त झा कईले रहनी । कार्जक्रम मे पंडित सचितानन्द दुबे स्वस्तिक वाचन कईले रहनी । कार्जक्रम मे भारत एवं नेपाल के अनेकन धर्मगुरु, पुजारी, हिन्दूवादी अगुवासब डा. चिन्तामणी योगी, डा. सुरेन्द्र भण्डारी, धर्मपाल गुरु, डा. दिपक शाक्य, प्रोफेसर बासु कर्ण, अरबिन्द श्रेष्ठ लगायत के लोग प्रशिक्षण देवेके जनावल गईल बा ।






