रियाअटो मोवाईल रास्ता धेर के रिक्सा राख के प्रचार करहल जनता के सफर करेमे सास्ती 

प्रभु यादव

बारा १० पुस

बारा के कलैया मे रियाअटो मोवाईल अटो रिक्सा रास्ता मे राख के प्रदर्शनी देखावला से रास्ता चलेवाला जनता के सास्ती भोगे के पडल बा ।

रियाअटो मोवाईल आपन अटो रिक्सा के व्यापार करेला प्रचार करे खातिर भरत चौक से दखिन मे गाडी के भिड लागेवाला जगह मे अटो रिक्सा राख के प्रदर्शन कईला से एभरेष्ट लज मे कार्जक्रम मे आईल श्रवण साह मोटरसाईकल राखे मे दिकत भईल सिकायत कईले बानी ।

कलैया बजार से बरेवा जाए मे रास्ता मे अटो रिक्सा प्रदर्शनी राखला से रास्ता जाम होरहल रहे जवना से दुर्घटना होखे के अधिक डर रहल वार्ड नम्वर ८ के बैधनाथ यादव सिकायत कईले रहनी ।

कलैया जेसिज के अधिवेशन मे पहुचल ओमप्रकाश कुशवाहा एभरेष्ट लज के अगाडि रास्ता मे अटोरिक्सा के प्रदर्शनी कईला से मोटरसाईल राखे मे सास्ती भईल आ ट्राफिक लोग सर्वसधारण के दुःख देहल करेला माकिर व्यापार करेवाला के सहजोग कईल देखला से नियत मे गलत भईल जनकारी करावले बानी ।

शून्य प्रतिशत व्याज मे अटोरिक्सा देहल जारहल कह के सोझासाझा गरिब के फसा के घर बिहीन बनारहल व्यापारी के रास्ता पर राख के आवत जावत मे जनता के सास्ती भोगा मे काम कईल कलैया उपमहानगरपालिका आ कलैया ट्रफिक पोष्ट के मिली भगत मे कईल गईल जेसिज मानिकचन साह सिकायत कईले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका कार्यालय के नगर प्रहरी आ ट्रफिक प्रहरी पोष्ट कलैया के सयुक्त टोली बजार आईल आम जनता के मोटरसाइकल उठा के जरीवना लेरहल बा माकिर रास्ता घेर के प्रदर्शनी करेवाला ओर आख ना परल ओह से बुझल जारहल बाकी पईसा के प्रलोभन मे पड के रियाअटो के खुल्याम रास्ता घेरेला देहल गईल पिडित जनता सब के सिकायत रहल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह के फोन सम्पर्क कईला पर फोन ना उठल ट्रफिक प्रहरी पोष्ट कलैया के इनचार्ज जयराम पुडासैनी से जनकारी लेहला पर आपने विदा मे घर आईल बानी कार्यालय मे बुझत बानी जनकारी करावले बानी । ट्रफिक पोष्ट के जनकारी लेवेला इन्चार्ज पुडासैनी से फोन मागला पर देख के जनकारी देहतानी कहत पन्छे के काम कईले बानी ।

दिन पर दिन अटोरिक्सा से चौक चौराहा पर जथाभावी जाम होरहल बा आउरी दुर्घटना के सम्भावना बढत जारहल बा विना लाईसेनस के सवारी चलावेवाला बढरहल बा रोके के जगह मे विशेष प्राथमिकता देहल जारहला से सरोकारवाला लोग पर नियत के बात हर जगह उठ रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।