नेकपा समाजवादी के ठाकुर के संयोजकत्व मे जिल्ला कमिटी गठन

प्रभु यादव
बारा १० पुस
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी समाजवादी के बारा जिल्ला कमिटी नन्दलाल ठाकुर के संयोजकत्व मे ३५ सदस्यीय गठन भईल बा ।
जिल्ला इन्चार्ज ठाकुर के नेतृत्व मे बनल समिति मे जीवन मुखिया बिन, उमेश पटेल, बिन्दा यादव, हरिन्द्र प्रसाद साह, सचितान्नद मिश्रा, अंशु गिरि, चन्दन ठाकुर, पुनम देबि पासवान, कौसला देवि, सोनाली देबि लागायत के ३५ सदस्यीय जिल्ला कमिटी गठन भईल बा ।
एभरेस्ट लज के सभा हल मे “उत्पादन राष्ट्रवाद उपभोक्त मे राष्ट्रियता मुल नारा” सहित के सभा सम्पन्न भईल रहल रहे ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेकपा समाजवादी के राष्ट्रिय अध्यक्ष राजु कार्की उदघान सत्र मे आपन बात राखत नेपाल के आर्थिक स्थिति सुदृढ बनावे खातिर आपन आवस्यकता के खातिर चाहेवाला खाद्यान्न आपने उत्पादन कईला पर जवन रकम देश से बाहर जारहल करोडौं रकम देश के आर्थिक उन्नति करेखातिर देश के समृद्धि करावेला काम होई बतावले बानी ।
कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि प्रदेश २ के इन्चार्ज बद्री यादव, बागमती प्रदेश के इन्चार्ज इन्द्र प्रसाद तिमल्सिना, केन्द्रिय का.स. बाल कृष्ण चौलागाईं, अजय खडका, बागमती प्रदेश सह इन्चार्ज केदार नाथ दुलाल, चितवन इन्चार्ज राम प्रसाद पंडित, युवा के.स. नुवाकोट इन्चार्ज मिलन थापा मगर, प्रमान्न्द प्रसाद लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





