रौतहट के बराती सवार कार दुर्घटना मे मृत्यु होखेवाला मेसे ४ जने के सनाखत

रौतहट १३ पुस
रौतहट मे बराती सवार कार दुर्घटना भईला पर मृत्यु भईल पाँच मेसे चार जने के सनाखत भईल बा । मंगर के दिने गौर से चन्द्रनिगाहपुर ओरी जा रहल भारतीय कार गरुडा मे दुर्घटना भईल रहे ।
दुर्घटना मे ज्यान गुमावेवाला मे रौतहट के गढिमाइ नगरपालिका–३ के १६ बरीस के शेख नैवसाद, २२ बरीस के शेख सैनुल्हा, ५५ बरीस के मोसाफिर अन्सारी आ २५ बरीस के शेख छोटु रहल बाडन । दोसर मृतक के सनाखत ना भईल पुलीस जानकारी देहले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय गरूडा के प्रहरी नायब उपरीक्षक (डीएसपी) श्रीराम भण्डारी के मुताविक कार मे सवार ८ जने मेसे तीन जने घायल भईल बाडन । उलोग के गरूडा अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।






