क्याम्पस पढनियार लईकालईकी सहित ५२ जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव

बारा १३ पुस

बारा के सब से पुरान क्याम्पस राम राजा मोहन विक्रम बहुमुखी क्याम्पस मे ५३ जने लहुदान कईले बाडन । १० जने पढनियार लईकी आ ४२ जने लईका लहुदान कईले बाडन क्याम्पस जनकारी करावले बा ।

विद्यार्थी गुणस्तर समूह के आयोजना आ (राम राजा मो.वि.शाह) बहुमुखी क्याम्पस के सहजोग मे लहुदान कार्जक्रम सम्पन्न भईल क्याम्पस जनकारी करावले बा । लहुदान कार्जक्रम विद्यार्थी गुणस्तर समूह के अध्यक्ष रविन्द्र साह के सभापतित्व मे आ क्याम्पस के सञ्चालक समिति के अध्यक्ष प्रभुनाथ पटेल के प्रमुख अतिथियता मे सम्पन्न भईल बा ।

क्याम्पस प्राङ्गण मे भईल लहुदान कार्जक्रम मे क्याम्पस प्रमुख हरिभुषण कुशवाहा, प्रशासनिक सहायक क्याम्पस प्रमुख निवेश तिमिल्सिना, प्राध्यापक सभे सुवाश तिमिल्सिना, चुम्बन बाबु केवट, रामबाबु चौधरी, प्रभात वर्मा, समूह के सभे पदाधिकारी सब क्याम्पस मे काम करहल गुरु विद्यार्थी लगायत के सहभागिता रहल रहे । व्यवस्थापन समिति के कोषाध्यक्ष जंगबहादुर चौरसिया बल्ड बैंक वीरगंज के प्रतिनिधि जितेन्द्र कुशवाहा सञ्चालन अनुशासन तथा अतिरिक्त क्रियाकलाप प्रमुख अमित सिह कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।