कलैया उपमहानगरपालिका मे शिक्षा शाखा के निर्णय लागू करे मे सकस होरहल बा

प्रभु यादव

बारा १३ पुस

बारा के सदरमुकाम मे रहल कलैया उपमहानगरपालिका मे शिक्षा शाखा के निर्णय लागू करे मे सकस होरहल बा । स्थानिय तह मे शिक्षा के कामकाज जिम्मेवारी मिलल जवना समय से निजी स्कुल के तथ्यांक ना रहल बा ना बनावल गईल बा ।

सरकारी स्कुल के तथ्यांक रहल बा जवना लोग के पईसा पेठावे के परेला उलोग के राखल जरूरी भईल शिक्षा शाखा जनकारी करावले बा । शिक्षा शाखा प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल के अध्यक्षता २०७८÷७÷१६ गते बईठल निजस स्कुल सब के बईठक से पुस ७ गते के भितर निजी स्कुल सब जेतना तक अनुमति लेहले बा ओतने तक के कक्षा आ अनुमती लेके स्कुल खोलले बा उलोट हटालेवो नात स्कुल के उठावेके जनकारी ३६ गो स्कुल के प्रअ लोग से से पेठावल गईल रहल ।

निर्णय कईल एक महिना वित गईल माकिर लागू ना भईल बा । शाखा प्रमुख वर्णवाल से जनकारी लेहला पर पुस ७ गते से अनुगमन कर के स्कुल मे यदी भेटी विना अनुमती सञ्चालन ओकरा के उठावल जाई भईल रहल जनकारी करावले बानी । निर्णय के लागू करेला कारावेला मोटरसाइकल मिल रहल बा जवना से ना होई ओह कारण से निर्णय लागू ना होरहल वर्णवाल जनकारी करावले बानी ।

चार चक्का गाडी आ दु चार जने के सहभागिता होईत अनुगमन कईल जाई शाखा प्रमुख वर्णवाल जनकारी करावले बानी । अभि २०७५ साल मे रहल तथ्यांक के सचिया के नयाँ बनावे मे लागल वर्णवाल जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह से जनकारी लेहला पर प्रअ मिटीङ्ग मे अनुमति ना लेहल आ अधिक कक्षा चलावत होई उलोग के कारवाही कईल जाई आपना से जनकारी करावले बानी बतावले बानी । बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास पालिका सब मे शिक्षा आईला वाद अधिक वेहाल भईल आ सम्बन्धित लोग गैरजिम्मेवार बनल सिकायत कईले बानी । जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के नियमित कार्यालय प्रमुख रामनरेश यादव कलैया उपमहानगरपालिका विद्यालय सब मे रहल १२ बरीस से उपर के १७ बरीस तक के लईका लईकी के कोरोना विरूद्ध के सुई लगावेला मागल तथ्यांक लिखित ना अईल जवन सहि ना भईल जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।