रौतहट मे राष्ट्रिय जनमोर्चा पार्टी द्वारा बृहत् सभा एवं पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

रौतहट १५ पुस

राष्ट्रिय जनमोर्चा प्रदेश कमिटी, प्रदेश नं.२ के आयोजना मे बृहत सभा एवं पार्टी प्रवेश कार्जक्रम रौतहट के क्षेत्र नम्बर २ के मुख्यबजार पानीटंकी मे पुरा भईल बा ।

राष्ट्रिय जनमोर्चा के केन्द्रिय उपाध्यक्ष एव प्रतिनिधि सासंद दुर्गा पौडेल रौतहट के राजपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ स्थित बजार सेड मे आयोजना कईल सभा के प्रमुख आतिथ्यता के सम्बोधन करत संघियता आ एमसीसी देश के खातिर घातक भईल उ बतवनी ।

जहाँ उत्पीडन आ जनता मे दमन होखि त धार ओगटेके तइयार राष्ट्रिय जनमोर्चा रही पौडेल बतवनी । जउन पार्टी जनता के बढावे खातिर नेता बनाके उहे जगहा के उत्पीडित वर्ग के विषेश मसिहा बन के पार्टी अगाडी बढल बा ।

प्रदेश नम्बर २ मे बहुते पार्टी रहल माकिर जनता के समस्या बुझे खातिर जातपात धर्म के अधार मे लुटले बा । कउन पार्टी जनता के खातिर काम करी ? जनता के खातिर लगातार राष्ट्रिय जनमोर्चा संघर्ष कईल राष्ट्रिय के निमित सार्वभौमसत्ता, राष्ट्रिय अखण्डता, भौगोलिक अखण्डता ह, सब से राजनेता के राख के राष्ट्रिय जनमोर्चा से बढल सांसद पौडेल बतवनी ।

देश के तीन मुल मन्त्र मेसे प्रदेश नम्बर २ मे राष्ट्रिय जनमोर्चा सबल बा अभी क्षमतावान बनावे खातिर अपनेलोग के दायित्व रहल बा । दोसर प्रसंग मे नेपाल के ईतिहास मे संघियता के लगातार राष्ट्रिय जनमोर्चा विरोध कईल उ बतवनी ।

संघियता से विकास मे खर्च कईले नईखे, शासन प्रशासन मे खर्च भईल बतवनी । गरिब जनता के मुडि उपर कर्जा के भार हरेक दिन थपात गईला पर संघियता ना होखी, जब नेपाली जनता के मुडि के कर्जा थपात गईला पर देश खारेज होखी । संघियता खारेज के दोसर विकल्प नईखे उपाध्यक्ष पौडेल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।