बिपिसि विजयी प्रतियोगिलोग के पुरस्कार बँटलख

वीरगंज १५ पुस
बिपिसी सिङ्गीङ् आईडल आ टेलिभिजन समाचार बाचन प्रतियोगिता बियफे यके दिने पुरा भईल बा । वीरगंज पब्लिक कलेज (बिपिसी) के सप्ताहव्यापी खेल तथा सांस्कृति कार्जक्रम के अन्तिम दिन प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।
बिपिसी विद्यार्थीसब के क्षमता अभिवृद्धि आ व्यक्तित्व विकास के खातिर साप्ताहिक रुप मे अनेकन १० से बेसी प्रतियोगितासब के आयोजना कईले रहे । प्रतियोगिता मे कलेज मे अध्ययनरत १५०० विद्यार्थीलोग भाग लेहले रहलन ।
दु प्रतियोगिता सँगे एकरा से पहिले भईल प्रतियोगिता के बिजयीलोग के प्रमाणपत्र, मेडल आ रोपेया सहित पुरस्कृत कईल कलेज के प्रबन्ध निर्देशक प्राध्यापक डा. दिपक शाक्य जानकारी देहनी ।
कलेज पहिलका बेर टेलिभिजन समाचार बाचन प्रतियोगिता आयोजना कईल कलेज के क्याम्पस प्रमुख बिनय श्रेष्ठ बतवनी । श्रेष्ठ के मुताविक विद्यार्थीलोग के अध्ययन सँगे अतिरिक्त क्रियाकलापसब मे अब्बल बनावे के कलेज के लक्ष्यअनुरुप प्रतियोगिता के आयोजना कईल बा ।
भविष्य मे इहे कलेज से अध्ययन कईल विद्यार्थीलोग, खेलाडी, कलाकार, पत्रकार बनेवाला भईला से अभी से हि उलोग के अतिरिक्त क्रियाकलाप मे जोड देहल गईल कलेज के प्रमुख श्रेष्ठ बतवनी ।
टेलिभिजन समाचार बाचन प्रतियोगिता मे पत्रकारद्वय निरज पिठाकोटे मगर आ शिवनाथ यादव निर्णायक के भूमिका निर्वाह कईले रहलन । एहतिरे गायन प्रतियोगिता के मेन्टर मे मन्दिप खड्का आ चन्दन प्रजापती रहलन आ निर्णायक मे ध्रुबसिँह ठकुरी आ रमेश परियार रहल रहलन ।
वीपिसी के नयाँ भवन मे भईल कार्जक्रम मे भारतिय राजदुतावास वीरगंज के शैलेन्द्र कुमार, वीरगंज महानगरपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख अरविन्द लाल कर्ण, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक प्रहलाद कार्की, भवानी हस्पिटल के निर्देशक राम श्रेष्ठ, वीरगंज ८ के वार्ड अध्यक्ष राजकिशोर गुप्ता, कलेज के शैक्षिक निर्देशक योगल किशोर प्रसाद, प्रिन्सपल हरिरतन तुल्लाधर, सहायक प्रिन्सपल विनय ठाकुर, संयोजक बासु कर्ण लगायत के सहभागिता रहल रहे ।





