नेकपा एमाले पार्टी के बारा अध्यक्ष खातिर चार जने के दौडधुप

प्रभु यादव

बारा १५ पुस

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी एमाले बारा के अध्यक्ष पद के दावेदारी चार जने जबरदस्त दाबेदार कर रहल बानी ।

पुस २८ आ २९ गते के होखेवाला अधिवेशन मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी एमाले बारा के अभी जिल्ला अध्यक्ष रहल देवनारायण चौधरी पहिलका दौड मे रहल बानी दुसरका मे एमाले प्रदेश नम्वर २ कमिटि सदस्य तथा नेपाल मुस्लिम इतेहाद केन्द्रिय सचिवालय सदस्य तथा बारा इन्चार्ज राज महम्मद राय आपन दावेदारी करहल बानी ।

तिसरका मे प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश कमिटी सदस्य रबिन्द्र दास श्रेष्ठ जे कलैया नगर पालिका मे पार्टी से मेयर बनल रहनी आ चउथका दावेदार नेकपा के अदालत से कईल फैसला से साबिक माओवादी केन्द्र आ एमाले आपन आपन पार्टी बनके रहो फैसला आईलावाद नेकपा एमाले के नेता अमृत बजगाइ हाल एमाले के प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश कमिटी रहल अध्यक्ष के दाबेदार करहल बानी ।

जिल्ला से प्रदेश आ केन्द्र तक चारू जनेके दौडहा सुरू भईल बा अब के बाजि मारी देखे के बाकी बा । चार जने आपन आपन पहुच तक अध्यक्ष पद के खातिर प्रयास जारी राखला से रोचक बनता जारहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।