खुद्रा सामान तथा दवाई लादल ट्रक सहित वीरगंज से मिया पकडईलें

वीरगंज १५ पुस
पुलीस वीरगंज से खुद्रा सामान तथा दवाई लादल एगो ट्रकसहित डाईबर के पकडले बा । बारा परवानीपुर गाँवपालिका–२ रहेवाला ३३ बरीस के नसरूदीन मिया के पकडले बा । पुलीस वीरगंज–२१ परवानीपुर चोक स्थित सडकखण्ड से प्रदेश नं. २–०३–००१ ख ०१२९ नम्बर के मालवाहक ट्रक के बियफे के सबेरे नियन्त्रण मे लेहले रहे । ट्रक मे बिल बिजक से बेसी खुद्रा मालवस्तुसब तथा दवाईसब लोड करके पोखरा लेजारहल सूचना पुलीस के मिलल रहे ।
ट्रक के रोकके चेकजाँच कईला पर सूचना अनुरूप हि भन्सार छली करके लियावल खुद्रा सामानसब तथा दवाई मिलला से चालक मिया के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक प्रल्हाद कार्की जानकारी देहनी।
दवाई तथा ट्रक के ६० लाख रोपेया मूल्यांकन करके चालकसहित जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल पुलीस जनवले बा ।






