प्रदेश २ के राजधानी के खातिर वीरगंज बढिया जगह बा : प्रदेश सांसद गिरी

वीरगंज १५ पुस

पर्सा क्षेत्र नं. ३ “ख” के प्रदेश सभा सदस्य प्रहलाद गिरी प्रदेश नं. २ के स्थायी राजधानी खातिर वीरगंज सबसे बढिया रहल बतवले बानी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रदेश सभा सदस्य गिरी जनकपुरधाम के बनावे खातिर चलखेल हो रहल बतवनी ।

एकरा से पहिले प्रदेश सरकार नाम किटान करके राजधानी के खातिर प्रस्ताव ना कईला पर भी प्रदेश सरकार के नेतृत्व कर रहल पर्सा के मुख्यमन्त्री भईला पर भी ई पालि प्रदेश सरकार से जकपुरधाम के राजधानी बनावे के प्रस्ताव कईल मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के मिलोमतो रहल बतवनी ।

एकरा साथे राजधानी के खातिर छलफल करे बनल १६ सदस्यीय समिति मे पर्सा के एक जने भी ना परल वीरगंज के मत से जितल मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के नियत गलत देखल गईल सांसद गिरी आरोप लगवनी । वीरगंज के जनता के साथ धोखाधढी हो रहल कहत राजधानी प्रदेश के बीच मे होखेके बहाना मात्र ह ।

लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) के नेता भी रहल सांसद गिरी वीरगंज आधुनिक सहर भईल बतावत इहाँ राजधानी के खातिर सभी आधार भईल बतवनी । सुरु से हि मधेश प्रदेश आ वीरगंज राजधानी के पक्ष मे खुदसब रहल बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे लोसपा के लोसपा के नेता नेजामुदिन सम्मानी, केन्द्रिय सदस्य रम्भा मिश्र, लोसपा पर्सा के अध्यक्ष पुरुषोत्म झा, जिल्ला उपाध्यक्ष जटाशंकर गुप्ता, सुजित गिरी, सचिव रामनारायण मिश्र, जिल्ला सदस्य बिकि मेहता, फरिन्द्र चौहान लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।