वर्षात सँगे ठण्डा बढला से सर्वसाधारण गर्मी के साधन अपनारहल

प्रभु यादव
बारा १६ पुस
वर्षात भईला सँगे ठण्डा बढल से आदमी सब गर्मी साधन अपना रहल जवना से माग बढल बा ।
मगर के दिन रात से दिन भर पानी झरल रहे जवना से मौसम मे बदलाव आके ठण्डा बढल बा । ठण्डा बढला से गाँव गाँव मे घुर फुक के आगी के गर्मी मे बईठे के बजार मे मिलेवाला देह के पूरा ढाक के पेहनेवाला गर्म कपडा खरिद विक्री मे अधिक व्यापार बढल बा कलैया १ के गौरीशंकर यादव जनकारी करावले बानी ।
बर्षात होखे से पहिले ई साल ठण्डा ना परी गर्म कपडा विक्री ना होई चिन्ता रहल रहे माकिर ठण्डा आवते विक्री बढला से व्यापार मे बढोतरी भईल कपडा व्यापारी सन्तोष पटेल जनकारी करावले बानी । गाँव के गरिब बुढ लोग के चटाई पर सुतेवाला ओढना मे परिनत भईल पर्सा गाँव के सुबास मण्डल जनकारी करावले बानी ।
खाना मे झोल अधिक होखो आ चटकार खाना मछली मासु मे किनेवाला के अधिक भिड दिन दिने देखल जारहल मलखाद व्यापारी नवलकिशोर साह बतावले बानी । गाव गाव मे गैस चुलही मे बनावेवाला खाना जरना से माटी कृ चुलीह मे बनावल सुरू भईल बा ठण्डा रहल समय तक गर्मी होखो आ खाना भि बनावे सके के ठिक भईल रामदेनी गोसाई जनकारी करावले बानी ।
जाड अधिक भईला से पशु सब के जुट के बनल बोरा के ओढना चटी बना के पहनावे मे किसान सब व्यस्त बनल किसान किसुनदेव राउत जनकारी करावले बानी । जाड बढला से अधिक लोग मे ठण्डा से खासी लागल, माथा के दुखाई बढल, देह जाड के सिहरावन होरहल जईसन भईला से घर के काम आ बाहर के काम करेमे ढिलाई होरहल घर के काम करेवाला गृहनी चम्पा देवी अहिरनी बतावले बानी ।
ठण्डा बढे सगे तोरी के तेल आ लहसुन के पका के देह गर्म करेला धिका के लगावे के प्रयोग मे बढवा आईल जनकारी करावले बानी ।






