बारा मे छ हजार मेट्रिकटन धान उत्पादन बढल

कलैया, १८ पुस

ई बरीस बारा मे धान लगावल क्षेत्रफल आ धान उत्पादन दुनु बढल बा । समय मे मनसुन सक्रिय भईला के बाद बितल बरीस के बराबरी मे ई बरीस दु हजार ९१४ हेक्टर बेसी क्षेत्रफल मे रोपाइँ भईल रहे आ छ हजार ३५२ मेट्रिकटन बेसी धान उत्पादन भईल रहे ।

कृषि ज्ञानकेन्द्र बारा के मुताविक चालु आर्थिक बरीस मे दु लाख ६२ हजार ७४१ दशमलव २५ मेट्रिकटन धान उत्पादन भईल बा । पिछिलका बरीस दु लाख ५६ हजार ३८९ दशमलव २५ मेट्रिक टन धान उत्पादन भईल रहे । ई बितल बरीस के बराबरी मे छ हजार ३५२ मेट्रिकटन धान बेसी उत्पादन भईल बा ।

चालु आर्थिक बरीस मे उत्पादन भईल धान मेसे अगहनी एक लाख ४१ हजार ५७७ दशमलव २५ मेट्रिक टन, भदैया ५१ हजार १९१ दशमलव पाँच मेट्रिक टन आ चईते धान ६९ हजार ९७२ दशमलव पाँच मेट्रिक टन उत्पादन भईल केन्द्र के कृषि विज्ञ गेनालाल मण्डल जानकारी देहनी । उनका मुताविक चालु आर्थिक बरीस मे अगहनी ३४ हजार ११२ हेक्टर, भदैया ११ हजार ९०५ हेक्टर आ चईते १५ हजार १०५ करके कूल ६१ हजार १२५ हेक्टर क्षेत्रफल मे धान खेती कईल रहे ।

बितल आर्थिक बरीस मे अगहनी एक लाख ४५ हजार २०१ दशमलव २५ मेट्रिक टन, भदैया ५४ हजार ८८२ दशमलव छ मेट्रिक टन आ चईते धान ५३ हजार ३०६ मेट्रिक टन उत्पादन भईल रहे । एकरा खातिर अगहनी १४ हजार १६५ हेक्टर, भदैया ११ हजार ९३१ हेक्टर आ चईते १२ हजार ११५ हेक्टर क्षेत्रफल मे लगावल केन्द्र के कृषि विज्ञ मण्डल जानकारी देहनी ।

बारा मे कूल ६९ हजार ९६३ हेक्टर कृषियोग्य जमिन रहल बा । उ मेसे चुरेपहाड ओरी ९९५, तराई ओरी ६१ हजार ८१८ करके कूल ६२ हजार ८२३ हेक्टर क्षेत्रफल मे खेती हो रहल बा । उ मेसे सात हजार १४० हेक्टर जमिन पारता रहल बा आ बरीस भर सिञ्चित होखेवाला ३३ हजार १३२ आ आंशिक सिञ्चित होखेके २९ हजार ६९१ हेक्टर क्षेत्रफल रहल केन्द्र जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।