भोजपुरी किताब के लोकार्पण कईल गईल

प्रभु यादव
बारा २२ पुस
बारा के देवताल गाँवपालिका के कार्यालय के सभा हल मे सुरेन्द्र प्रसाद गिरी से रचित भोजपुरी किताब लोकार्पण कईल गईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति बारा संयोजक नवलकिशोर सिंह सोन किरिनिया पध संग्रह आ कहाँ गइल ऊ दिन लघुकथा संग्रह के लोकार्पण कईले बानी । भोजपुरी भाषा गाँव घर मे पछाडि परहल बा ओकरा के फेर से नयाँ बनावे मे सहजोग कईले बानी किताब के रचयिता गिरी प्रमुख अतिथि जनकारी करावत प्रशंसा कईले बानी ।
कवि लोग शब्द के ज्ञाता लोग निर्धक होकर के तमसुक लेखा प्रमाण सहित किताब लिख के समाज मे प्रस्तुत कईले बा जवन लोग ब्याख्या करे ना सकल जाई प्रमुख अतिथि सिह बतावले बानी । समाज आ गाँव के नाम उचा करे के काम कईले बानी लेखक कवि गिरी जवना से पढल लिखल के पहचान देखावले बानी सिह जानकारी करावले बानी । पालिका आ प्रदेश मे सरकारी कामकाज मे लियावल जाई तब मानल जाई कि भोजपुरी भाषा के संरक्षण भईल जवना के खातिर आपने हरजगह मे सहजोग करेला प्रमुख अतिथि सिंह प्रतिबद्धता जनवले बानी ।
भोजपुरी गायक अजमत अली साईकल सवारी के व्याख्यान करत गित सुना के कार्जक्रम के सहभागी लोग के झुमावले रहनी । महादेव सिह फागुवा के समय मे पियेवाला नशा पर कविता सुनावले रहनी । भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष आ भोजपुरीया माटी पत्रिका के प्रकाशक रामप्रसाद साह, हिन्दी साहित्य के प्राधायपक आ भोजपुरी के सरक्षक डाक ब्रजेश सिह, बेगा साह मावि प्रसौनी के प्रधानाध्यापक रविन्द्र गिरी साहित्यकार रसरंग मे रमावेला आ समाज मे अछा भईल ना नानिमन भईल के शब्द के रसरंग से सजा के लिखेला, भोजपुरी प्रतिष्ठान के पर्सा अध्यक्ष उमाशंकर द्रिवेदी (दभिची), किताब के रचयिता सुरेन्द्र प्रसाद गिरी, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सिकेन्द्र साह, कवि जगदीश पंकज लगायत के लोग आ–आपन बात राखत भोजपुरी सम्बन्ध मे जोड देहनी ।
किताब लोकार्पण कार्जक्रम देवताल गाँवपालिका के अध्यक्ष चन्दन सिह के सभापतित्व भईल जवना मे कवि रामप्रसाद साह, भारतके डाक्टर वृजेश कुमार सिंह, जगदीस पंकज, पर्सा के अजय दुवेदी, अजमत अली शिक्षक रविन्द्र गिरी लगायत के भोजपुरी के उथान के काम कईल कहत प्रशंसा पत्र सहित दोसला ओढा के समान कईल रहे ।






