साना किसान कृषि सहकारी संस्था से विपन परिवार मे अधिक सहजोग मिलल : मेयर यादव

प्रभु यादव

बारा २४ पुस

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १८ मोतिसर मे रहल साना किसान कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड के दुसरका सधारण सभा सम्पन्न भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव साना किसान कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड से गरिब विपन परिवार मे अधिक सहजोग मिलल जनकारी करावले बानी । विना धितो समूह मे छोट छोट व्यवसाय चाहे कृषि कार्य करेमे कर्जा लगानी कईला से विपन परिवार मे सहयोग पुगल यादव जनकारी करावले बानी ।

सहकारी के व्यवस्थापन करेला १८ लाख आर्थिक सहजोग करे के मेयर यादव प्रतिबद्धता जनवले बानी । सहकारी के अध्यक्ष बदन देवी कुर्मी के प्रतिवेदन रामविजय चौरसिया प्रस्तुत करत कृषि पेशा के आर्थिक अभिवृद्धि के मुख्य स्रोत संस्था के मुख्य उद्देश्य रहल जनकारी करावले बानी । प्रत्यक्ष रोजगारी आ कृषि, पशुपालन, व्यापार आउरी मजदुरी के माध्यम से हजारो लोग के स्वरोजगार बनावे के योजना लेके अगाडि संस्था बढरहल चौरसिया जनकारी करावले बानी ।

किसान सब के खेत मे लागेवाला खेती करेवाला समाग्री सब के दुकान खोल के आपुर्ति करे के आ उत्पादन भईल समान सब के संकलन केन्द्र खोल के विक्री करावे के योजना बननवल गईल अध्यक्ष के प्रतिवेदन प्रस्तुत करके चौरसिया जनकारी करावले रहनी । सहकारी संस्था के सदस्य परिवार मे दु लाख देहल जारहल कर्जा अब ई बरीस से १० लाख धितो राख के आ दु लाख विना धितो देहल जाएके जनकारी करावले रहनी । लेखा समिति संयोजक ज्ञान्ती कुमारी के प्रतिवेदन राजकुमार साह प्रस्तुत कईले रहलन ।

सहकारी के व्यवस्थापक प्रमानन्द प्रसाद चौरसिया आर्थिक प्रतिवेदन प्रस्तुत करत तीन करोड २५ लाख १३ हजार १४ रूपेया ९१ रोपेया के कारोबार के जनकारी करावले बानी । सहकारी के कुल शेयर सदस्य चार सय ७९ गो रहल शेयर रकम १९ लाख ९४ हजार रहल चौरसिया जनकारी करावले रहनी । कार्जक्रम मे ९० जने असल ऋणी लोग के गम्छा लगा के सहकारी के अध्यक्ष समान कईले रहनी ।

बदन देवी कुर्मी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन अनिल गौरव के रहल जवना मे सहकारी संघ प्रदेश २ के पुन्देव रौनियार, वार्ड नं. १८ के अध्यक्ष अमिका यादव, स्थानिय अगुवा, शेयर सदस्य लोग संचारकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।