समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के बईठक पुरा, महासंघ के गलत रवैया के शसक्त विरोध करेके निर्णय

वीरगंज २६ पुस

समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा के प्रथम बईठक सोमार के दिने पुरा भईल बा ।

संगठन के अध्यक्ष मनोज पटेल के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से संगठन के काम जलदी आ सहज तरिका से करे खातिर १३ सदस्यीय सचिवालय गठन कईले बा । अध्यक्ष पटेल सहित उपाध्यक्ष शम्भु कुमार सुमन, प्रकृति अधिकारी, सचिव अजय चौरसिया, सह सचिव अमित अग्रवाल, विनोद पटेल, कोषाध्यक्ष हरिशंकर शर्मा, सदस्यलोग नरेश सर्राफ, संतोष साह, दिपेन्द्र गिरी, रंजित चौरसिया, श्याम पासवान आ एक जने बाद मे थप करेवाला किसिम से सचिवालय गठन कईले बा ।

बईठक से संगठन के जिल्ला कार्य समिति मे ३ जने नयाँ सदस्य के थप करेके भी निर्णय कईले बा । थप भईल नयाँ सदस्यलोग मे श्याम सर्राफ, आशिष कर्ण आ दिपक कुशवाहा रहल बाडन ।

एहितरे बईठक से नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा से वितरण करे लागल स्व. गोपाल गिरी क्रियाशिल पत्रकारित पुरस्कार के खातिर छनौट भईल आदमीसब के सवाल मे चार पत्रकार सम्बद्ध संगठन से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ती के उपर महासंघ से कउनो किसिम के चासो ना देखईला से गम्भिर ध्यानाकर्षाण भईल जनावत महासंघ के एकलौटी आ गैर जिम्मेवार पूर्ण गतिविधि के खेद प्रकट करत जिल्ला के अनेकन पत्रकार संगठन से छलफल आ समन्वय करके महासंघ के गलत रवैया के विरुद्ध मे सशक्त रुप मे अगाडी बढेके निर्णय कईले बा ।

एकरा साथे बईठक से संगठन के सम्पर्क कार्यालय वीरगंज ११ श्रीपुरस्थित भारतिय महावाणिज्य दुतावास लगे रहल नेपाल पोष्ट डेली के कार्यालय संचालन रहल भवन मे सम्पर्क कार्यालय संचालन करेके भी निर्णय कईले बा ।

नेपाल पोष्ट डेली के कार्यालय मे बईठल बईठक मे संगठन के केन्द्रिय सदस्य राघव साह, बृजलाल पासवान आ रेविन्द्र कार्की के विशेष उपस्थिती रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।