पृथ्वी जयन्ती मे बारा के फेटा गाँवपालिका मे छुटी

बारा २७ पुस
बारा के फेटा गाँवपालिका सोमार के दिने सार्वजनिक छुटी देहले बा । पृथ्वी जयन्ती के अवसर मे गाँवपालिका आकस्मिक बाहेक सभी सेवा बन्द कईले बा ।
गाँवपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत जाकिर हुसेन अन्सारी सोमार के दिने हि विज्ञप्ती जारी करके पुस २७ गते सार्वजनिक छुटी देहल जानकारी देहले रहलन । राष्ट्र निर्माता पृथ्वी नारायण शाह के जन्म दिन पुस २७ गते पृथ्वी जयन्ती तथा राष्ट्रिय एकता दिवस मनावे खातिर छुटी देहल विज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।
निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अन्सारी जारी कईल विज्ञप्ती मे कहल गईल बा, ‘गाँवपालिका के निर्णय मुताविक पुस २७ गते के दिन ई कार्यालय साथे मातहत के सभी वार्ड समिति के कार्यालयसब, शैक्षिक संस्थासब, स्वास्थ्य संस्थासब मे (आकस्मिक सेवा बाहेक) सार्वजनिक छुटी रहल जानकारी करावल जाला ।’






