कलैया उपमहानगरपालिका भर के बिद्यालय बन्द

प्रभु यादव

बारा २८ पुस

कलैया उपमहानगरपालिका भितर के सभे विद्यालय बन्द करे के सूचना जारी शिक्षा शाखा कईले बा । कोभिड –१९ संकट ब्यवस्थापन समन्वय केन्द्र (सिसिएमसी) के सिफारिस मे शिक्षा मन्त्रालय से सोमार के सूचना जारी करत माघ १५ गते तक देशभर के आधारभुत तथा माध्यमिक तह के पढाइ भैतिक उपस्थिप मे बन्द कर के निर्देशन देहले बा ।

यद्यपि कलैया उपमहानगरपालिका के सूचना जारी कईल बा । शिक्षा मन्त्रालय के निर्णय अवज्ञा करत कलैया के बिद्यालय सन्चालन मे रहल रहे । कलैया उपमहानगरपालिका से मगर के दिन एक सूचना जारी करत शिक्षा मन्त्रालय के निर्णय कार्यान्वयन करावेला सभी सामुदायिक तथा निजि बिधालय के पत्रचाचार कईले बा । उपमहानगर के सूचना जारी करत भौतिक उपस्तिथि मे किलास संचालन करेके वैकल्पिक माध्यम से शिक्षण सहजीकरण करे खातिर निर्देशन देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।