वार्ड अध्यक्ष गौरो लईकीलोग के खातिर सेनेटरी प्याड देहनी

वीरगंज ०२ माघ
पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ९ वार्ड कार्यालय लईकीलोग के खातिर २ सय थान सेनेटरी प्याड वितरण कईले बा । नगरपालिका के वार्ड नं. ९ स्थित रहल उ नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय बडेर्वा के प्रधानाध्यापक चेतमन प्रसाद दास के वार्ड अध्यक्ष रामनारायण प्रसाद गौरो एक कार्जक्रम के बीच हस्तान्तरण कईले रहनी ।
बढल ठण्डी के समय लइकीलोग के महिनावारी अईला के बाद विद्यालय आवेमे समस्या हो रहला के मध्यनजर करत किलास ८ से १० तक के लइकीलोग के खातिर उ सेनेटरी प्याड वितरण कईल वार्ड अध्यक्ष रामनारायण गौरो जानकारी देहनी । वार्ड अध्यक्ष गौरो के मुताविक महिनावारी के चलते ठण्डी के समय मे विद्यालय मे लइकीलोग के उपस्थिति कम हो रहला से ओकरा के मध्यनजर करत लइकीलोग के अध्ययन मे प्रभावित ना होखो कहके उद्देश्य से विद्यालय मे लइकीलोग के खातिर सेनेटरी प्याड वितरण कईल बतवनी ।
ग्रामीण भेग के कैयन लइकीलोग के गरिबी अवस्था के चलते सेनेटरी प्याड किने ना सकेके भईला से उलोग घर मे भी लेजाए मिलेके उद्देश्य से बाँटल गईल आ फेनु जरुरी पपरला पर आउर उपलब्ध करावेके उनकर कहनाम रहे ।






