वीरगंज के प्रदेश–२ के राजधानी बनावेके माग करत मुख्यमन्त्री के घर अगाडि बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज ०२ माघ
वीरगंज के प्रदेश–२ के स्थायी राजधानी बनावेके माग सहित एक युवा समूह मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के घर अगाडि विरोध प्रदर्शन कईले बाडन । वीरगंज–१३ तेजारथ टोलस्थित मुख्यमन्त्री निवास अगाडि एतवार के सबेरे नाराबाजी सहित प्ले कार्ड लेके प्रदर्शन कईले बाडन ।
प्रदर्शन मे सहभागीलोग वीरगंज राजधानी कायम कर, मुख्यमन्त्री ना चाहिं, वीरगंज बेंचे ना मिली, वीरगंजबासी जिन्दावाद लगायत नारा लिखल प्ले कार्ड लेहले रहलन । पर्सा जिल्ला के अनेकन जगहा से भेला भईल युवा प्रदेश–२ के राजधानी वीरगंज के बनावे खातिर मुख्यमन्त्री से भूमिका निर्वाह करेके माग रखले बाडन । वीरगंज के राजधानी बनावे खातिर मुख्यमन्त्री से लबिङ करेके जगहा मे मौन रहके जनमत के अपमान कईल आरोप उलोग लगवले बाडन । वीरगंज के राजधानी ना बनईला पर कडा प्रतिकार करेके चेतावनी उलोग देहले बाडन । मुख्यमन्त्री राउत आपन पद जोगावे खातिर वीरगंज के धोका देके जनकपुर के पक्ष मे मतदान करे लागल उलोग के कहनाम बा ।
मधेस आन्दोलन मे वीरगंजबासी से कईल योगदान के भुल के मुख्यमन्त्री राउत जनकपुर के राजधानी बनावेके खोजला से विरोध प्रदर्शन कईल युवा नेता सुजित गिरी जानकारी देहनी ।
‘आन्दोलन भईला पर वीरगंज सम्झेलन, अवसर देवेके परला पर भोर पार देवेलन ।’ कहत उ ,‘मुख्यमन्त्रीज्यू भी वीरगंजवासी के योगदान भुलल बाडन, आँखा खुलावेके उद्देश्य से घर अगाडि हि प्रदर्शन कईल गईल बा ।’ मधेसी दल के आव्हान मे बेर–बेर भईल आन्दोलन मे वीरगंज से साथ देहल आ हरेक किसिम से राजधानी के खातिर वीरगंज बढिया जगहा भईल तर्क उलोग के बा ।






