उच्च अदालत के न्यायाधीश सहित २३ जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज ०३ माघ

वीरगंज मे रहल उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी इजलाश के न्यायाधीश, रजिष्टार आ कर्मचारी करके २३ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे सोमार के सँझिया ५३ जने के पीसीआर परीक्षण मेसे ६८ प्रतिशत अर्थात् ३६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमण पुष्टि भईल ३६ जने मेसे उच्च अदालत इजलास के मात्र २३ जने रहल अस्पताल के कोभिड संयोजक डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक अदालत के एक न्यायाधीश, रजिष्टार, उपरजिष्टार, कर्मचारी सहित करके २३ जने संक्रमण मिलल बा । ई बाहेक पर्सा के २ जने, बारा के ९ जने, सर्लाही के १ आ खोटाङ के १ करके आउर १३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर सिंह बतवनी ।

पिछिलका हप्ता से वीरगंज मे कोरोना भाइरस संक्रमण दर लगातार ६५ प्रतिशत से बेसी रहल बा । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पिछिलका हप्ता एने होत आईल पीसीआर परीक्षण मे संक्रमण दर ६५ प्रतिशत से बेसी हि रहल डाक्टरलोग बतवले बाडन ।

एकरा से पहिले एतवार के सँझिया भी नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे ६२ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ६० प्रतिशत मे अर्थात् ३७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।